दिग्विजय सिंह के विधायक बेटा के दावा, देश के हरेक दंगा खाती भाजपा ज़िम्मेवार

 दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन सिंह कहले कि इतिहास गवाह बा कि बाबरी मस्जिद के दंगा होखे चाहे गोधरा-गुजरात के दंगा, सभ दंगा भाजपा के देन ह।

दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन सिंह कहले कि इतिहास गवाह बा कि बाबरी मस्जिद के दंगा होखे चाहे गोधरा-गुजरात के दंगा, सभ दंगा भाजपा के देन ह।

कांग्रेस के दिग्गज नेता अवुरी महासचिव दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन सिंह एगो सनसनीखेज आरोप लगावत दावा कईले कि आज़ाद भारत में जतना दंगा भईल बा, ओ सभ दंगा के पीछा भारतीय जनता पार्टी अवुरी संघ परिवार के हाथ बाटे।

मध्य प्रदेश के टिकमगढ़ में कुछ दिन पहिले आत्महत्या करेवाला किसान के परिवार से भेट करे पहुंचल कांग्रेस विधायक अवुरी दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन सिंह कहले कि इतिहास गवाह बा कि बाबरी मस्जिद के दंगा होखे चाहे गोधरा-गुजरात के दंगा, सभ दंगा भाजपा के देन ह।

जयवर्धन सिंह के इ बयान मध्य प्रदेश के भाजपा सरकार के मंत्री विश्वास सारंग के ओर बयान के बाद आईल बा, जवना में सारंग कांग्रेस पार्टी प हमला करत कहले रहले कि, कांग्रेस पार्टी के ऑफिस में दंगा के पटकथा लिखल जाला।

सारंग के एही बयान प पलटवार करत मध्य प्रदेश के राधौगढ विधानसभा क्षेत्र के विधायक जयवर्धन सिंह कहले कि आज़ादी के बाद के सभ दंगा भाजपा के चलते भईल।

एकरा संगही जयवर्धन कांग्रेस पार्टी के सुझाव देले कि जदी मध्य प्रदेश से भाजपा के उखाड़ फेंकत सरकार बनावे के होखे त अभी से चुनाव के तैयारी में जुट जाईल जाए अवुरी हरेक उम्मीदवार के कम से कम तीन महीना पहिले टिकट देके अपना क्षेत्र में प्रचार करे के मौका दिहल जाए।

  • Share on:
Loading...