शुगर के इलाज में इस्तेमाल होखेवाला करिया टमाटर के खेती अब बिहार में होई

शुगर के इलाज में इस्तेमाल होखेवाला करिया टमाटर के खेती अब बिहार में होई

बिहार के किसान अब करिया टमाटर के अपना खेत में पैदा क सकतारे। मूलरूप से आस्ट्रेलिया के इ टमाटर के खेती अभी तक हिमाचल प्रदेश में होखत रहे। लेकिन अब पूर्वी चंपारण के पीपराकोठी के कृषि विज्ञान केंद्र से जल्दिए एकर पौधा मिले सकी।

शुगर के रोगी खाती रामबाण करिया टमाटर के खेती खाती पौधा तैयार होखला के बाद किसान के गोष्ठी बोलावल जाई। कृषि विज्ञान केंद्र के समन्वयक डॉ. केके झा अवुरी वैज्ञानिक अरविंद कुमार पछिला दिन हिमाचल प्रदेश के दौरा प गईल रहले। उहां करिया टमाटर के खेती प अध्ययन कईले।

ओकरा बाद पीपराकोठी केविके परिसर में टमाटर खाती नर्सरी तैयार भईल। एही महीना में खेत में एकर बिया (बीज) छिड़कल जाई। अवुरी पौधा तैयार होखला के बाद किसान के गोष्ठी बोलावल जाई। एकरा में प्रशिक्षण दिहला के बाद पौधा दिहल जाई, ताकि रोग निरोधक ए टमाटर के खेती बिहार के चंपारण निमन से कईल जा सके।

बतावल जात कि फसल तैयार होखला के बाद एकरा के कवना बाजार में बेचल जाई ए योजना प कृषि विभाग काम करता। केंद्रीय कृषि आ किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह विभागीय वैज्ञानिक के निर्देश देले बाड़े कि लगातार खेती के क्षेत्र में नाया-नाया प्रयोग करस।

जानकारी के मुताबिक करिया टमाटर के खेती भी लाल टमाटर निहन होखेला। एकरा कुछ अलग से करे के जरूरत ना होई। इ बहरी से करिया अवुरी भीतर से लाल होखेला। कच्चा खाए ना जादे खट्टा बा ना जादे मीठा, एकर स्वाद नमकीन जईसन होखेला।

जानकारी के मुताबिक जनवरी में एकर नर्सरी तैयार हो जाला अवुरी बिया डालल जाला। मार्च के अंत तक पौधा के रोपाई कईल जा सकता। एकरा में फल लागे में लाल टमाटर से तनिका जादे समय लागेला। लाल टमाटर करीब तीन महीना में पाक जाला, जबकि करिया टमाटर के पाके में करीब चार महीना लागेला।

पूर्वी चंपारण के पीपराकोठी कृषि विज्ञान केंद्र के समन्वयक डॉ. केके झा कहले कि करिया टमाटर के खेती पूर्वी चंपारण में होखे, एकरा खाती नर्सरी तैयार बा। बिया समय से डालल जाई। पौधा तैयार होखेते प्रशिक्षण के बाद किसान के पौधा दिहल जाई।

जानकारी के मुताबिक जदी आप शुगर से लड़ के थाक गईल बानी त करिया टमाटर आप खाती रामबाण साबित हो सकता। ए टमाटर के सबसे खास बात इ बा कि एकरा के कैंसर के इलाज में भी प्रयोग कईल जाला।

इ टमाटर आंख खाती बहुत फायदेमंद बा। इ शरीर के विटामिन ए अवुरी विटामिन सी के जरुरत के पूरा करेला। विटामिन ए आंख खाती बहुत फायदेमंद होखेला।

  • Share on:
Loading...