पत्नी के एगो 'गंदा' आदत से तंग आके पति तलाक दे देलस

पत्नी के गंदा रहे के आदत से तंग आके पति ओकरा के तलाक  दे देलस [प्रतिकात्मक स्टॉक फोटो]

पत्नी के गंदा रहे के आदत से तंग आके पति ओकरा के तलाक दे देलस [प्रतिकात्मक स्टॉक फोटो]

निजी साफ-सफाई हमनी के जीवन के अटूट हिस्सा ह अवुरी कबहूँ एकर अनदेखी ना करे के चाही। अब त एकरा चलते आपके साथी संगे आपके संबंध तक खराब हो सकता। हैरान मत होई, कवनो कहानी ना ह। साफ ना रहला के चलते एगो शादीशुदा जोड़ा अब अलग होखे के कगार प बा।

अखबार ताइपेई टाइम्स के मुताबिक एगो ताइवानी पुरुष तलाक के अर्जी दाखिल करत कहलस कि ओकर पत्नी चूंकि नहाए से परहेज करेली, जवना के चलते ओकर परिवार आगे नईखे बढ़े पावत।

उ कहलस कि पत्नी के निजी साफ-सफाई प ध्यान दिहला के चलते ओकरा मानसिक पीड़ा होखता। संगही, उ दावा कईले कि उनुकर पत्नी नहाए के अलावे ब्रुश भी ना करेली आ हमेशा उनुकर दाँत आ बाल गंदा रहेला।

तलाक के अर्जी में पति बतवलस कि शुरुआत में एतना खराब हालत ना रहे। प्रेम-प्रसंग के समय उ कम से कम एक सप्ताह में एक बेर जरूर नहात रहली, लेकिन बियाह के बाद दशा बदल गइल अवुरी अब उनुका गंदगी के सहल मुश्किल हो गइल बा।

उ कहले कि बियाह के बाद उनुकर पत्नी साफ-सफाई एकदम ध्यान दिहल छोड़ दिहली आ पछिला दस साल बाद आज उ मुश्किल से साल में स्नान करेली आ तब इनिका स्नान करे में 6 घंटा के समय लागेला।

पति दावा कईलस कि उनुकर पत्नी ए सभ के अलावे उनुका के नोकरी ना करे देवेली अवुरी एकरे चलते आज दुनो लोग बेरोजगार बाड़े आ सास के भरोसे जीवन बीतावत बाड़े।

उ कहले कि 2015 में उ काम करे के फैसला कईले रहले अवुरी नोकरी शुरू क देले रहले लेकिन इ उनुका पत्नी के पसंद ना आइल। एक महीना के बाद उनुका पत्नी के उनुका नोकरी के बारे में पाता चल गइल अवुरी उ नोकरी के छोड़े के मांग करे लगली।

बहुत समझावला के बाद जब उनुकर पत्नी ना मनली आ लगातार नोकरी छोड़े के जिद्द करत रह गईली त आखिरकार उ नोकरी छोड़े के बदला तलाक लेवे के फैसला क लेले। रिपोर्ट के मुताबिक नोकरी से जुडल तमाम आरोप के खारिज करत पत्नी कहलस कि उनुकर परिवार उनुका पति के बेटा निहन मानेला एहसे उनुका नोकरी करे के कवनो जरूरत नईखे।

फिलहाल पति-पत्नी के बीच तलाक हो चुकल बा अवुरी अब दुनो अलग-अलग रहतारे।

  • Share on:
Loading...