हीरो देश के सबसे सस्ता 100 सीसी बाइक, एचएफ़ डॉन के बीएस-4 इंजन संगे उतरलस

हीरो देश के सबसे सस्ता 100 सीसी बाइक, एचएफ़ डॉन के बीएस-4 इंजन संगे उतरलस

देश के प्रमुख दुपहिया निर्माता हीरो मोटोकॉर्प के ओर से 100 सीसी श्रेणी में नया अवुरी अभी तक के सबसे सस्ता बाइक 'हीरो एचएफ़ डॉन' भारतीय बाज़ार में पेश भईल। शुक्रवार से बिक्री खाती उपलब्ध ए बाइक के कीमत बा 37,400 (एक्स शोरूम) रुपया बा।

लाल अवुरी काला रंगे के विकल्प में उपलब्ध ए बाइक के कंपनी फिलहाल ओड़ीशा में पेश कईले बिया। कंपनी के कहनाम बा कि अगिला कुछ सप्ताह में इ बाइक देश भर के शोरूम में उपलब्ध हो जाई।

भारत स्टेज - 4 (बीएस4) इंजन से लैस Hero HF Dawn 2018 में 97.2 सीसी के क्षमता वाला इंजन बा। दु रंग के विकल्प में उपलब्ध ए बाइक सीट, रिम अवुरी साइलेंसर करिया रंग के होई अवुरी एकरा में कवनो बदलाव नईखे भईल।

मालूम रहे कि ए बाइक के पुरनकी मॉडल में बीएस 4 इंजन ना होखला के चलते मई 2017 के बाद से हीरो एचएफ डॉन से बाजार से हटा लिहल रहे। अब, हीरो मानक के मुताबिक इंजन के अपग्रेड करत बीएस 4 वाला इंजन के संगे फेर से एकरा के बाज़ार में पेश कईले बा।

बाइक में पहिलही जईसन 97.2 सीसी, एयर कूल्ड, 4-स्ट्रोक, सिंगल सिलेंडर ओएचसी इंजन बा, जवना से 8000 आरपीएम प 8 बीएचपी के ताकत अवुरी 5000 आरपीएम प 8.05 एनएम के टॉर्क मिले के दावा कईल जाता।

हीरो एचएफ़ डॉन फिचर
इंजन: 97.2 सीसी वाला एयर कूल्ड, 4 – स्ट्रोक, सिंगल सिलेंडर ओएचसी
अधिकतम ताकत: 8000 आरपीएम प 6.15 किलोवाट (8.36 पीएस)
अधितम टॉर्क: 5000 आरपीएम प 8.05 एनएम
स्टार्टिंग: किक स्टार्ट
बैटरी: 12 वोल्ट, 2.5 Ah
हेड लैंप: 12 वोल्ट, 35 वॉट (हलोजन बल्ब)
टेल/स्टॉप लैंप: 12 वोल्ड, 5 वॉट
इंडिकेटर: 12 वोल्ट, 10 वॉट X 4
लंबाई: 1965 मिमी
चौड़ाई: 720 मिमी
ऊंचाई: 1045 मिमी
व्हीलबेस: 1235 मिमी
ईंधन टैंक: 9.5 लीटर
रिजर्व: 1.4 लीटर
वजन: 105 किलोग्राम

  • Share on:
Loading...