दुनिया के 10 खूबसूरत देश जहां साधारण भारतीय भी लखपति अवुरी करोड़पति बन जाला

अयीसन 10 देश, जहां हमनी के रुपया के कीमत उहाँ के स्थानीय करेंसी (मुद्रा) से जादे बा।

अयीसन 10 देश, जहां हमनी के रुपया के कीमत उहाँ के स्थानीय करेंसी (मुद्रा) से जादे बा।

विदेश यात्रा हरेक भारतीय के सपना हो सकता। कम से कम घूमे-फिरे के लेहाज से त बहुत लोग विदेश यात्रा के बारे में जरूर सोचले। लेकिन विदेश जाए के नाम सुनते हमनी के पईसा के चिंता होखे लागेला। लागेला कि जवना रुपया के हमनी के बडा मेहनत से कमईले बानी, ओकरा से विदेश में का होई? ओकर त मोल उहाँ बहुत घट जाई।

लेकिन दुनिया के कुछ मशहूर देश अयीसनो बा, जहां हमनी के रुपया के बहुत मोल बा। हमनी के अपना देश के मुक़ाबले हमनी के रुपया के कीमत बहुत जादे बा। ए सूची में शामिल देश में एगो साधारण भारतीय भी अपना के अमीर समझ सकता।

ए लेख के माध्यम से हमनी के अयीसन 10 देश के परिचय आपसे करवातानी, जहां हमनी के रुपया के कीमत उहाँ के स्थानीय करेंसी (मुद्रा) से जादे बा। एकर मतलब इ नईखे ए सूची में शामिल देश के हालत हमनी के भारत से जादे खराब बा, भा उहाँ बहुत गंदगी बा। ए देशन में घूमे फिरे खाती बहुत सुंदर अवुरी आकर्षक जगह बा, जहां यूरोप अवुरी अमेरिका समेत दुनिया के अलग-अलग देश से लाखों पर्यटक हर साल आवेले।

श्रीलंका: दक्षिण एशिया में भारत के बहुत नजदीक बसल श्रीलंका में भारत के एक रुपया के कीमत उहाँ के स्थानीय रुपया में 2 रुपया के बरोबरी बा। मतलब हमनी के एक रुपया श्रीलंका के 2 रुपया हो जाई। इहाँ के कुछ मशहूर पर्यटन स्थल में त्रिंकोमाली, केंडी, दांबुला, कोलंबो, अनुराधपुरा आदि के नाम शामिल बा।

Dambulla cave temple, Sri Lanka
दांबुला के स्वर्ण मंत्री, श्रीलंका।

हंगरी: यूरोप के ए खूबसूरत देश में भारत के एक रुपया के कीमत करीब 4 हंगरिअन फॉरिन्ट के बरोबरी बा। मतलब हमनी के हरेक रुपया हंगरी के स्थानीय करेंसी में करीब चार गुना हो जाई। इहाँ के लोकप्रिय पर्यटक स्थल में बुडापेस्ट, ईगर, सजेंटेन्डर आ मिसकोलक आदि के नाम शामिल बा।

Buda Castle, Hungary
बुडा कैसल, बुडापेस्ट, हंगरी।

जिम्बाब्वे: दक्षिण अफ्रीका में बसल ज़िम्बाब्वे में हरेक भारतीय रुपया के कीमत करीब 6 जिम्बावियन डॉलर बा। मतलब हमनी के हरेक रुपया इहाँ के 6 डॉलर हो जाई। जिम्बाब्वे के कुछ मशहूर पर्यटक स्थल में बुलावायो, हरारे, करिबा, हवांगे के नाम शामिल बा।

harare, zimbabwe
हरारे, जिम्बाब्वे।

कोस्ता रीका: मध्य अमेरिका के ए देश में भारत के एक रुपया के कीमत इहाँ के स्थानीय करेंसी में करीब 8 कॉलोन्स बा। समुंदर अवुरी हरियाली से सराबोर ए देश में सैन कार्लोस, सैन जोस, मोंटेवर्डे जईसन छोटे-छोटे लेकिन बहुत खूबसूरत शहर बा, जहां के हरियाली अवुरी खूबसूरती केहु के मन मोह लिही।

SAN JOSE, COSTA RICA
सैन जोस, कोस्ता रीका।

मंगोलिया: पूर्वी एशिया में बसल मंगोलिया में भारत के एक रुपया के कीमत करीब 30 टुगरिक (स्थानीय करेंसी) बा। मतलब हमनी के एक हज़ार रुपया इहाँ 30 हज़ार टुगरिक हो जाई। पहाड़, रेगिस्तान, झील अवुरी खूबसूरत वास्तुकला वाला ए देश में खारखोरिन, मोरोन, उलानबाटार समेत बहुत अयीसन जगह बा, जवन कि अपना ओर पर्यटक के आकर्षित करेला।

GENGHIS KHAN, MONGOLIA
उलानबाटार, मंगोलिया।

कम्बोडिया: दक्षिण पूर्व एशिया के कम्बोडिया में भारत के एक रुपया के कीमत करीब 63 कम्बोडियल रेयल बा। खूबसूरत झील अवुरी ऐतिहासिक महत्व वाला ए देश में कोह रोंग, कम्पोट, पोइपेट , सिहानौकविल्ले, बटाबांग, नोम पेन्ह, सिएम रीप के देखल जा सकता।

GENGHIS KHAN, MONGOLIA
सिल्वर पगोडा, नोम पेन्ह, कम्बोडिया।

पैरागुए: दक्षिण अमेरिका में बसल पैरागुए में एक भारतीय रुपया के कीमत करीब 88 पैरागुएन गुएरानी बाटे। मतलब? भारत के 12 रुपया इहाँ करीब एक लाख हो जाई। असुंकिओन, सिउदाद डेल एस्टे, आ एंकरनासिओं जईसन शहर समेत पूरा देश में झील, समुंदरी किनारा (बीच) अवुरी हरियाली के बीच खूबसूरत ऐतिहासिक निर्माण बाटे।

Governor’s Palace, Paraguay
एंकरनासिओं, पैरागुए।

इंडोनेशिया: दक्षिण पूर्व एशिया के इंडोनेशिया में भारत के एक रुपया के कीमत करीब 206 इंडोनेशियन रुपाह बाटे। मतलब एक हज़ार रुपया के कीमत इहाँ 2 लाख रुपया से बेसी हो जाई। जकार्ता, जोगजा, उबुद, बांडुंग, लंबोक समेत इहाँ के बहुत शहर के धार्मिक अवुरी ऐतिहासिक महत्व बा। हमनी के कुछ पौराणिक ग्रंथ में भी ए देश के चर्चा बाटे।

java, indonesia
जावा, इंडोनेशिया।

बेलारूस: सोवियत संघ के टूटला के बाद यूरोप में बेलारूस के एगो अलग देश के रूप में जन्म भईल। इहाँ के स्थानीय करेंसी रुबल में भारत के एक रुपया के कीमत करीब 216 रुबल बाटे। इहाँ के लोकप्रिय पर्यटक स्थल में ब्रेस्ट, गरोदनो, गोमेल, विटेबलक आदि के नाम शामिल बा।

brest, belarus
ब्रेस्ट, बेलारूस।

वियतनाम: एशिया महादेश के ए चर्चित देश में भारत के हरेक रुपया के कीमत करीब 350 वियतनामेस डॉन्ग बाटे। मतलब हमनी के हरेक रुपया इहाँ करीब 350 गुना हो जाई। इहाँ के प्रमुख पर्यटक स्थल में हो ची मिन्ह सिटी, हनोई, हा लोंग बे, डा नांग के नाम शामिल बा।

halong vietnam
हलोंग, वियतनाम।
  • Share on:
Loading...