सनी लियोनी आखिरकार बॉलीवुड में शाहरुख़ अवुरी ऐश्वर्या जईसन जगह पा गईली!
- मनोरंजन ब्यूरो |

बॉलीवुड के 'बेबी डॉल' सनी लियोनी आखिरकार अमिताभ बच्चन, शाहरुख़ खान, ऐश्वर्या राय बच्चन जईसन इंडस्ट्री के दिग्गज कलाकारन के बरोबरी हो गईली। कम से कम मशहूर मैडम तुसाद म्यूजियम में त इ स्थिति जरूर बा।
मोम के पुतला खाती मशहूर मैडम तुसाद म्यूजियम में अब बॉलीवुड के बेबी डॉल सनी लियोनी के मोम के पुतला बाकी मशहूर लोगन के संगे लगावल जाई। ए मामला में लन्दन से आईल विशेषज्ञ दल कुछ दिन पहीले सनी के मुलाकात कईले रहले।
लंदन से आईल टीम मुंबई में सनी के अलग-अलग कोण से 200 से जादे नाप अवुरी फोटो लेलस।
खबर के पुष्टि करत खुद सनी लियोनी कहली, "हम मैडम तुसाद म्यूजियम में आपन पुतला लगावे के फैसला से बहुत खुश बानी अवुरी एकरा खाती हम म्यूजियम के आभारी बानी।"
दू सौ से जादे फोटो अवुरी नाप के अपना अनुभव के बतावत सनी कहली कि, "इ पहिला मौका रहे जब हम एतना देरी तक एकही पोज में खाड़ा रहनी। ए अद्भुत अनुभव खाती हम पूरा टीम के आभारी बानी।"
मालूम रहे कि मैडम तुसाद म्यूजियम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, अमिताभ बच्चन, ऐश्वर्या बच्चन, कटरीना कैफ, माधुरी दीक्षित, करीना कपूर, सलमान खान, अवुरी सचिन तेंदुलकर समेत भारत अवुरी दुनिया के बहुत मशहूर लोग के मोम के पुतला बा।
So excited to see myself at the Delhi @MadameTussauds Trying to find the exact color match of my eyes... such an amazing process!! pic.twitter.com/ksBVi1YEi6
— Sunny Leone (@SunnyLeone) January 18, 2018
First Update: 28 January, 2018 06:50 PM