'आप हमरा इहाँ आई, हम 42 कुंवारी देब,' भारतीय कारोबारी के लोभावे खाती फिलिपींस के प्रस्ताव प बवाल

एशियान समिट के दौरान फिलिपीन्स के राष्ट्रपति रोड्रिगो दुर्तेते अवुरी भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी।

एशियान समिट के दौरान फिलिपीन्स के राष्ट्रपति रोड्रिगो दुर्तेते अवुरी भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी।

गणतंत्र दिवस के मौका प राजकीय अतिथि के रूप में भारत आईल फिलिपीन्स के राष्ट्रपति रोड्रिगो दुर्तेते के एगो बयान प बरियार बवाल खाडा हो गईल बा। एशियान समिट में भारतीय कारोबारी लोगन के एगो समूह के संबोधित करत राष्ट्रपति कुछ अयीसन बात कह देले जवन कि एगो अंतराष्ट्रीय बवाल के रूप ध लेले बा।

भारत के कारोबारी समूह के नई दिल्ली में संबोधित करत फिलीपींस के राष्ट्रपति रोड्रिगो दुर्तेते कहले कि 'आप लोग हमरा देश में आई, हम आपके 42 वर्जिन (कुंवारी) देब।' दुर्तेते के एही बयान प अब अंतराष्ट्रीय बवाल खड़ा हो गईल बा। उनुका ए बयान के फिलिपिंस के महिला अधिकार खाती काम करेवाला समूह 'अंतरराष्ट्रीय शर्मिंदंगी' करार देलस।

अपना तीन दिवसीय दौरा के दौरान राष्ट्रपति रोड्रिगो दुर्तेते भारतीय कारोबारी समुदाय के संबोधित कईले अवुरी फिलिपींस में निवेश करे के नेवता देले। बवाली बयान भी एही संबोधन के दौरान आईल।

राष्ट्रपति कहले कि "आप लोग (भारत के कारोबारी) सिर्फ मिंदान के छोड़ दिही, काहेंकी उहाँ अभियो विवाह कानून बा, बाकी कवनो परेशानी नईखे।" मालूम रहे कि मिंदान फिलिपींस के मुस्लमान बहुल इलाका ह, जहां के लोग ओ देश के सरकार के खिलाफ हथियार उठा चुकल बाड़े।

राष्ट्रपति कहले, "उ लोग कहेले कि जदी आप शहीद होखतानी त स्वर्ग में जाईब जहां 42 कुंवारी सुंदरी आपके इंतजार करतारी। लेकिन जदी आप (भारतीय कारोबारी) हमरा देश आईब (निवेश करब) त हम ए वादा (42 कुंवारी सुंदरी) के पूरा कईल चाहतानी।"

अपना के आधा मुसलमान घोषित करत उ जोड़ले कि, "हम कहल चाहतानी कि सबसे सुंदर अवुरी काबिल सुंदरी आपके संगे स्वर्ग तक जाई। हो सकता ईश्वर एकर अनुमति ना दिहे, लेकिन हम ए सभ सुंदरी के इहाँ (धरती) पावल चाहतानी, स्वर्ग में ना।"

फिलीपींस में महिला अधिकार खाती काम करेवाली महिला कार्यकर्ताओं अपना राष्ट्रपति के ए बयान के निंदा करत कहली कि "हमनी के एगो अयीसन राष्ट्रपति चाही, जवन कि फिलीपींस के पुरूष, महिला अवुरी समलैंगिक के प्रतिनिधित्व करे अवुरी बरोबरी समझे।”

उ लोग कहली कि हमनी के अयीसन राष्ट्रपति ना चाही जवन महिला के सम्मान ना करत होखे। राष्ट्रपति के बयान महिला के सिर्फ 'सेक्स के समान' के रूप में पेश करता अवुरी उनुकर इ बयान सीधा-सीधा ओ सभ महिला के अपमान बा, जवन कि देश के आगे बढ़ावे खाती दिन रात मेहनत करतारी।

मालूम रहे कि फिलीपींस के राष्ट्रपति रोड्रिगो दुर्तेते के बवाल से पुरान नाता रहल बा। डोनाल्ड ट्रम्प से अमेरिका के राष्ट्रपति रहल बराक ओबामा के शासन काल के दौरान फिलिपींस अवुरी अमेरिका के बीच होखे वाली बातचीत सिर्फ एहसे रद्द हो गईल, काहेंकी तब रोड्रिगो सरेआम अमेरिकी राष्ट्रपति ओबामा के 'मां के गारी' देले रहले।

  • Share on:
Loading...