दलाल अवुरी अग्निसाक्षी जईसन सुपरहिट फिल्म देवे वाला पार्थो घोष बॉलीवुड में धमाकेदार वापसी कईले
- मनोरंजन ब्यूरो |

हिन्दी सिनेमा के 'दलाल', 'अग्निसाक्षी', '100 डेज़', 'तीसरा कौन' अवुरी 'गुलाम-ए- मुस्तफा' जईसन जबरदस्त हिट देवेवाला मशहूर फिल्मकार पार्थो घोष लंबा समय के बाद 'दोस्ती जिंदाबाद' नाम से एगो अवुरी हिन्दी के संगे दर्शक के सोझा आवतारे।
तीन दोस्त के कहानी प आधारित 'दोस्ती जिंदाबाद' पूरा तरीका से युवा खाती अवुरी युवा के रुचि वाली फिल्म होई। उत्तर प्रदेश के लखनऊ में शूट भईल 'दोस्ती जिंदाबाद' अभी पोस्ट प्रॉडक्शन के दौर में बिया। अप्रैल में रिलीज खाती तैयार होखत ए फिल्म के पार्थो घोष के हिन्दी सिनेमा में वापसी के तौर प देखल जाता।
करीब सात साल के बाद बॉलीवुड में वापसी करत पार्थो घोष खाती ए फिल्म अवुरी पहिले के फिल्म में काम करे के अनुभव एकदम अलग रहल बा। उ कहले कि 1991 में जब हम पहिला फिल्म 100 डेज़ करत रहनी त ओकरा में ओ समय के सुपरस्टार जैकी श्राफ अवुरी माधुरी दीक्षित अवुरी शक्ति कपूर जईसन रहले।
घोष कहले कि तब हम नया रहनी लेकिन आज 2018 में जब हम 'दोस्ती जिंदाबाद' करे चलनी त बॉलीवुड पूरा तरीका से बदल गईल बा। जब इंडस्ट्री बदलल बिया त तय बा कि फिल्म के धारा भी बदलल होई। उ कहले कि 'दोस्ती जिंदाबाद' एही बदलल धारा के फिल्म बिया।

मालूम रहे कि 1985 में सहायक निर्देशक के तौर प फिल्मी सफर के शुरुआत करेवाला पार्थो गोशन 1991 से 2010 तक बॉलीवुड में सक्रिय रहले। ए दौरान उ मिथुन चक्रवर्ती, नाना पाटेकर, जैकी श्राफ, माधुरी दीक्षित, मनीषा कोइराला समेत अपना समय के लगभग सभ स्टार के संगे मिलिके बहुत हिट फिल्म दिहले।
इहे पार्थो घोष अब फेर से करीब सात साल बाद हिंदी फिल्म 'दोस्ती जिंदाबाद' के संगे अपना नयकी पारी के शुरुआत करतारे। ए फिल्म के निर्माता शैलेश आ श्रुति महेश्वरी बाड़ी, जबकि फिल्म में देव शर्मा, साक्षी मैगो, अब्बास खान, सबीहा अट्टरवाला, राहुल चौधरी, अपूर्वा नैन, शक्ति कपूर, मोहन जोशी, किरण कुमार, राजीव निगम, एहसान खान अवुरी श्रद्धा शर्मा के मुख्य भूमिका बा।
First Update: 02 February, 2018 07:12 PM