रानी के ए अंदाज़ प के ना लोभाई, केहू कईसे अनदेखा करी

फहिदा सबरोज के गावल ए विडियो में रानी के अंदाज़ अयीसन बा जवन कि देखला के बाद पहिला नज़र में पसंद आ जाई।

फहिदा सबरोज के गावल ए विडियो में रानी के अंदाज़ अयीसन बा जवन कि देखला के बाद पहिला नज़र में पसंद आ जाई।

भोजपुरी सिनेमा के बेताज महारानी, माने रानी चटर्जी ए घरी फिल्म के अलावे अपना यू- ट्यूब चैनल के प्रचार-प्रसार करत देखाई देतारी। दुनिया के सबसे बड़ फ्री विडियो शेयरिंग साईट यू-ट्यूब प 'रानी चटर्जी इंटरटेंमेंट' नाम से बनल ए चैनल के शुरुआत कुछ दिन पहीले 'मेरे रश्‍के कमर' गाना के विडियो के संगे भईल।

करीब 10 साल पहीले पाकिस्तान के मशहूर कलाकार, स्वर्गीय नुसरत फतेह अली खान के गावल ए गाना के अभी तक दर्जनों संस्करण आ चुकल बा, लेकिन रानी के अंदाज़ से लबरेज़ इ विडियो बहुत खास बाटे।

फहिदा सबरोज के गावल ए विडियो में रानी के अंदाज़ अयीसन बा जवन कि देखला के बाद पहिला नज़र में पसंद आ जाई। एकरा से पहीले रानी के भारतीय क्रिकेट टीम के 'मिस्‍टर कूल' कहाए वाला महेंद्र सिंह धोनी के जीवनी प बनल फिल्‍म 'धोनी अनटोल्‍ड स्‍टोरी' के खुबसूरत गीत 'कौन तुझे यूं प्‍यार करेगा' भी आईल रहे अवुरी ओकरा के बहुत लोग पसंद कईले रहले।

भोजपुरी सिनेमा से मशहूर भईल रानी चटर्जी के अभी तक के दुनो विडियो हिंदी में बा। रानी भोजपुरी के बदला हिंदी के चुनाव काहें कईली? ए सवाल के जवाब में खुद रानी कहली कि 'धोनी अनटोल्ड स्टोरी' के गाना 'कौन तुझे यूं प्‍यार करेगा' अवुरी 'मेरे रश्‍के कमर' उनुका दिल के बहुत नजदीक बा अवुरी एकरे चलते उ ए दुनो गाना के चुनाव कईली।

रानी चटर्जी, माने भोजपुरी सिनेमा के "रानी", तबहूँ भोजपुरी गीत के बदला हिंदी गीत के चुनाव अपने आप में बहुत प्रकार के सवाल के जनम देता, आशा बा कि आवे वाला समय में रानी ए सभ सवाल के जवाब दिहे।

गायक, अभिनेता अवुरी अब नेता, भाजपा सांसद मनोज तिवारी के फिल्‍म 'ससुरा बड़ा पैसा वाला' से फ़िल्मी पारी के शुरुआत करेवाली रानी के खाता में अभी तक दर्जनों सुपरहिट फिल्म दर्ज बा। अयीसना में रानी के हिंदी गाना प एगो नया अंदाज़ में देखल एगो बढ़िया अनुभव बा।

  • Share on:
Loading...