सपना चौधरी जब टल्ली होके कहली 'हट जा ताऊ ....' त बॉलीवुड में धमाल मच गइल

सपना चौधरी जब टल्ली होके कहली 'हट जा ताऊ ....' त बॉलीवुड में धमाल मच गइल

टीवी के विवादित रियलिटी शो 'बिग बॉस' से कुछ अंजान लोग स्टार बनेला त कुछ जानल पहचानल लोग के कद में बढ़ोतरी होखेला। हालांकि शो के विजेता सिर्फ एक आदमी होखेला, लेकिन सच्चाई त इ बा कि 'बिग बॉस' के घर में दिन के 24 घंटा सीसीटीवी कैमरा के सोझा बितावे वाला हरेक आदमी उहाँ से विजेता बनके निकलेला।

अबकी बेर ए शो के विजेता 'भाभी जी' के रूप में मशहूर टीवी अभिनेत्री शिल्पा शिंदे रहली, जबकि बंदगी कालरा, पुनीश शर्मा अवुरी आकाश ददलानी जईसन लोग आज चर्चा में बाड़े। एही कड़ी में हरियाणा के मशहूर डांसर आ 'बिग बॉस 11' के प्रतियोगी सपना चौधरी के लोकप्रियता में बढ़ोतरी भईल अवुरी बिग बॉस के घर से निकलते उ बॉलीवुड मेंएगो धमाकेदार एंट्री मरली।

दिल्ली में रहेवाली हरियाणवी डांसर सपना के बहुत जल्दी हिन्दी फिल्म 'वीरे कि वैडिंग' में एगो आइटम सॉन्ग प धमाल करत देखल जा सकता। सुनिधि चौहान के मादक आवाज़ से सजल हरियाणा के सबसे मशहूर गीत में से एक 'हट जा ताऊ ...' में विकास गुप्ता के धमाकेदार पेशकश के संगे सपना गुलाबी चूड़ीदार अवुरी आकर्षक मुस्की के संगे देखाई दिहे।

फिल्म के ए आइटम सॉन्ग में सपना के डांस के अंदाज़ एकदम देसी अवुरी ठीक ओईसने बा, जईसना खाती उनुका के जानल जाला।

आशु त्रिखा के निर्देशन में बनल ए फिल्म में पुलकित सम्राट, कृति खरबन्दा, जिमी शेरगिल, सतीश कौशिक अवुरी सुप्रिया कार्णिक के मुख्य भूमिका बा। पहिले इ फिल्म 9 मार्च के रिलीज होखेवाला रहे लेकिन अब इ फिल्म 2 मार्च के देशभर के सिनेमाघर में रिलीज होई।

मालूम रहे कि ए फिल्म के शीर्षक प भारी विवाद भईल रहे। सोनम कपूर, करीना कपूर अवुरी स्वरा भास्कर के मुख्य भूमिका वाली फिल्म 'वीरे दी वैडिंग' से एकर शीर्षक बहुत मिलत-जुलत बा अवुरी ए बारे में 'वीरे कि वैडिंग' के हीरो पुलकित सम्राट से कुछ दिन पहिले सवाल भी भईल रहे।

फिल्म के शीर्षक से जुडल विवाद प पुकलित सम्राट कहले रहले कि, "जब भगत सिंह प फिल्म बने के चर्चा शुरू भईल त एक संगे पांच फिल्म भगत सिंह प रिलीज भईल रहे। ए पांचों फिल्म के कहानी अवुरी विषय लगभग एक रहे, हमनी के संगे त सिर्फ शीर्षक मिलता, कहानी एकदम अलग बिया।।"

लेकिन, इहाँ बात सपना चौधरी के अंदाज़ के होखता। एहसे सपना चौधरी के गाना के विडियो देखीं अवुरी बताई कि आपके इ गाना कईसन लागल? मालूम रहे कि एकरा बाद सपना एगो भोजपुरी फिल्म में भी ठुमका लगावत देखाई दिहे।

  • Share on:
Loading...