अध्ययन: आपके सूते के आदत आपके सेक्स लाइफ के बारे में का बतावेला

अध्ययन: आपके सूते के आदत आपके सेक्स लाइफ के बारे में का बतावेला

का आप जनतानी कि आपके सूते के अवस्था आपके साथी संगे संबंध के बारे में बता सकता? सूते वाला गद्दा के समीक्षा करेवाला 'मैट्रेस एडवाइजर' नाम के एगो ऑनलाइन ग्रुप कुछ समय पहले लोग के सूते के आदत अवुरी संबंध से जुडल एगो सर्वे कईलस। ए सर्वे में 18 से 73 साल उमर के करीब 1,000 लोग भाग लिहले जवना से कुछ हैरान करेवाला नतीजा निकलल।

हालांकि नींद के हमनी के पूरा स्वास्थ्य प असर होखेला, लेकिन सूते के आदत के संगे शारीरिक संबंध के जोड़त सवाल के हैरान करेवाला अवुरी आँख खोले वाला जवाब मिलल। ए अध्ययन से पाता चलता कि कईसे सूते वाला के लोग शारीरिक संबंध के मामला में कईसन होखेले।

आमने-सामने

The nook position
ए अवस्था में सूतेवाला लोग के सेक्स लाइफ बहुत शानदार होखेला।

इ अवस्था ए अध्ययन के विजेता रहे। जवन जोड़ा ए दूसरा के ओर चेहरा क के सूतेला, ओ लोग के सेक्स लाइफ बहुत शानदार होखेला। एक दूसरा से लपेटा के सूतेवाला लोग के बीच त बहुत जादे मधुर संबंध होखेला।

एकरा में हैरानी के कवनो बात कवनो बात नईखे, काहेंकी इ बहुत जोशीला अवस्था होखेला, जवना में स्त्री-पुरुष के एक दूसरा के आँख में देखत अंतरंग होखे के मौका मिलेला।

अंकवार

The nook position
ए अवस्था में लगातार अवुरी आरामदायक नींद आवेला, एहीसे ए प्रकार से सूते वाला के लोग के संबंध में कड़वाहट के मौका बहुत कम आवेला।

अचरज ना होखे के चाही कि ए अवस्था के दूसरा स्थान मिलल। ए अवस्था में एक साथी के चेहरा दुसरका के चेहरा के पीछा होखेला, जईसे अंकवारी (गोदी) में धईले होखे। ए अवस्था में सूतला प बहुत आराम अवुरी सुख के एहसास होखेला। सुरक्षा के भार जागेला। एकरे चलते ए अवस्था में सूते वाला लोग के बीच के प्रेम संबंध बहुत लंबा अवुरी सुखद होखेला।

​दिल के धड़कन सुनत

The nook position
साथी के दिल के धड़कन के सुनत सूते के आनंद उहे समझ सकता, जे अईसे सूतल होई।

ए अवस्था में ए अध्ययन में तीसरा स्थान मिलल। ए अवस्था में एक साथी (अधिकांश मौका प पुरुष) के हाथ दूसरका खाती तकिया बन जाला। जबकि दुसरका अपना शरीर के तिरछा करत करीब-करीब अपना साथी के छाती प माथा ध के सूतेला।

ए अवस्था में सूते वाला लोग अपना साथी के दिल के धड़कन के सुन सकेले जवन कि थपकी के काम करेला। ए अवस्था में सूते वाला लोग के बीच बहुत रोमांचक संबंध बनेला अवुरी उ लोग एक दूसरा के पसंद प बहुत ध्यान देवेले। अयीसन लोग बहुत रोमांटिक भी होखेले।

सट के छूअत

The nook position
इ अवस्था ठीक ओसही होखेला, जईसे छोट बच्चा अपना महतारी संगे सूतेला।

ए तरीका से सूतेवाला लोग के बीच में शारीरिक संबंध के भूमिका बहुत खास ना रहेला, एहीसे ए अवस्था के मात्र 3.5 अंक मिलल अवुरी एकरा चौथा स्थान प राखल गइल। ए अवस्था में एक साथी त उतान होके सूतेला, जबकि दुसरका करवट होके ओकरा शरीर में सटल रहेला। ठीक ओसही जईसे छोट बच्चा अपना महतारी संगे सूतेला।

हालांकि ए अवस्था में सूतेवाला लोग भी बाकी लोग जईसन रोमांटिक हो सकेले, एहसे हैरान होखे के बात नईखे, मन होखे त एकरो के आजमावल जा सकता।

  • Share on:
Loading...