सनी लियोन में अयीसन 'जादू' बा, जवना से खेत के पैदावार में बढ़ोतरी होखता!

एगो किसान अपना फसल के बचावे खाती अपना खेत में सनी लियोन के पोस्टर लगवलस।

एगो किसान अपना फसल के बचावे खाती अपना खेत में सनी लियोन के पोस्टर लगवलस।

खेत में आमतौर प 'झूठा' (पुतला) देखले होखब। गांव में खेती करेवाला लोग अपना फसल के जानवर से बचावे खाती अयीसन पुतला लगावेले, जवना के दूर से देखला प लागेला कि खेत में केहु खाड़ा होखे। आमतौर प ए प्रकार के पुतला बहुत बदसूरत अवुरी हँडिया-पतुकी आ पूअरा से बनावल जाला।

लेकिन एगो किसान अयीसनो बा जवन कि ए बदसूरत पुतला के बदला अपना खेत में एगो 'हॉट' अवुरी 'सेक्सी' हीरोइन के अधनंगा पोस्टर लगा देलस। अयीसन करेवाला किसान के कहनाम बा कि पोस्टर के चलते उनुका फसल के फ़ायदा भईल अवुरी जानवर तक उनुका फसल के बर्बाद ना कईलस।

बॉलीवुड सनसनी सनी लियोन के पोस्टर खेत में लगा के चर्चा में आईल आंध्र प्रदेश के चेंचू रेड्डी करीब 10 एकड़ जमीन प खेती करेले। बाउर नज़र आ जानवर समेत खेती के नुकसान से पहुंचावे वाला अलग-अलग चीज़ से बचावे खाती उ अपना खेत में सनी लियोन एगो बहुत बड़ पोस्टर लगवले बाड़े।

Sunny leone Poster in feilds
लोग के खराब नज़र से पार पावे खाती चंचु रेड्डी एगो तरीका सोचले आ अपना खेत में सनी लियोन के एगो बड़ फ़्लेक्स पोस्टर कुछ दिन खाती लगा देले।

पोस्टर प "मत रोई, ना दुखी होई, ना हमरा से जलन राखी!" के संदेश के संगे लाल रंग के बिकनी में सनी लियोन देखाई देतारी। अंग्रेज़ी अखबार हिंदुस्तान टाइम्स संगे बातचीत में रेड्डी कहले कि सनी के लोभावन व्यक्तित्व के चलते उनुका खेती के फ़ायदा पहुंचल।

किसान के मुताबिक सनी के पोस्टर लगावला के बाद केहु उनुका फूलगोभी अवुरी बंदगोभी के फसल के ओर नईखे देखत, सभके नज़र पोस्टर प रहता। उ कहले, "बहुत साल तक खराब फसल के चलते हमरा बहुत नुकसान भईल। हमार फसल कुछ समय तक त ठीक रहत रहे, लेकिन बाद में अचानक कुछ गड़बड़ हो जात रहे।"

रेड्डी कहले, "ए साल हमरा 10 एकड़ खेत में बढ़िया फसल भईल बा। एकरा चलते आस-पड़ोस अवुरी आवत-जात लोग के बिना कारण हमरा खेत प नज़र जात रहे। ओ लोग के खराब नज़र से पार पावे खाती, हम एगो तरीका सोचनी अवुरी सनी लियोन के एगो बड़ फ़्लेक्स पोस्टर कुछ दिन खाती लगा देनी।"

Sunny leone Poster in feilds
पोस्टर लगावे वाला चंचु रेड्डी के मुताबिक सनी के पोस्टर लगावला के बाद केहु उनुका फूलगोभी अवुरी बंदगोभी के फसल के ओर नईखे देखत, सभके नज़र पोस्टर प रहता।

उ कहले कि, "तरीका काम क गइल, अब केहु हमरा फसल के ओर ना देखत रहे।" उनुका कारनामा प प्रशासन के रुख से जुडल एगो सवाल के जवाब में रेड्डी कहले, "अधिकारी कबहूँ हमनी परेशानी जाने खाती हमनी के खेत ना अईले, त ओ लोग के एकरा से कवन परेशानी हो सकता?"

  • Share on:
Loading...