बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 मनमोहक स्टाइलिंग के संगे लॉन्च खाती तैयार

बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 मनमोहक स्टाइलिंग के संगे लॉन्च खाती तैयार

देश के प्रमुख दुपहिया निर्माता बजाज ऑटो बहुत जल्दी अपना अवेंजर स्ट्रीट 150 बाइक के बदला अवेंजर स्ट्रीट 180 के बाज़ार में उतारी। एही बीच बजाज के ए नयकी बाइक के कुछ तस्वीर इंटरनेट प लीक भइल।

कुछ साल पहिले पल्सर 180 के इंजन संगे बाजार में पहिला बेर आईल बजाज अवेंजर फेर एक बेर 180 सीसी इंजन के संगे वापसी करतिया। संभावना बा कि बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 के कीमत करीब 83,987 रुपया (एक्स शोरूम) होई।

Bajaj Avenger Street 180
बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 ।

हालांकि ए कीमत के संगे इ बाइक वर्तमान अवेंजर स्ट्रीट 150 से तनिका महंगा जरूर हो जाई, लेकिन ए बढ़त के बावजूद इ सुज़ुकी इंट्रूडर 155 से कुछ सस्ता रही।

बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 बाइक पुरनकी अवेंजर स्ट्रीट 150 के मुक़ाबले बहुत हद तक नया बाइक होई। ए बाइक के स्टाइलिंग से लेके रूप-रंग तक कुछ दिन पहिले आईल अवेंजर क्रुज़ 220 जईसन बा। चमकीला लाल पेंट के संगे नयकी बाइक बहुत जादे आकर्षक देखाई देतीया।

Bajaj Avenger Street 180
बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 ।

ए बाइक में सिंगल सीट, साइलेंसर अवुरी पिछला रेल अवेंजर क्रुज़ 220 वाला बा, जबकि इंस्ट्रूमेंट पैनल अभियो डिजिटल के बदला, एनालॉग बाटे। मालूम रहे कि 220 के इंस्ट्रूमेंट पैनल में सबकुछ डिजिटल बा। एकरा अलावे ए बाइक के हेडलैंप एकदम नया बा।

जहां तक इंजन के सवाल बा, त अवेंजर स्ट्रीट 180 में पल्सर 180 वाला 178.6 सीसी के सिंगल सिलिंडर इंजन लागल बा। पल्सर में ए इंजन से 8500 आरपीएम प 17 बीएचपी के ताकत अवुरी 6500 आरपीएम प 14.22 एनएम के टार्क मिलेला। संभावना बा कि अवेंजर स्ट्रीट 180 के इंजन में इ सभ असही रही।

Bajaj Avenger Street 180
बजाज अवेंजर स्ट्रीट 180 ।

पांच स्पीड गियरबॉक्स से लैस अवेंजर स्ट्रीट 180 के टेलेस्कोपिक फोर्क, एडजस्टेबल फ्रंट फोर्क, डबल शोक अब्सॉर्बेर वाला पछिला सस्पेंशन समेत अगिला पहिया में डिस्क ब्रेक अवुरी पछिला में ड्रम ब्रेक समेत बाकी मैकानिकल पार्ट अवेंजर क्रुज़ 220 वाला रही। हालांकि 220 में एंटी ब्रेकिंग सिस्टम बा जवन कि 180 में उपलब्ध नईखे।

आधिकारिक तौर प अवेंजर स्ट्रीट 180 के लॉन्चिंग के तारीख के घोषणा नईखे भईल लेकिन मानल जाता कि बजाज अपना नयकी बाइक के अगिला कुछ सप्ताह में बिक्री खाती उपलब्ध करा दिही।

  • Share on:
Loading...