अमिताभ बच्चन के राजनीति में आवे आ कांग्रेस में शामिल होखे के चर्चा

अमिताभ बच्चन के राजनीति में आवे आ कांग्रेस में शामिल होखे के चर्चा

एक समय कांग्रेस के टिकट प इलाहाबाद से लोकसभा चुनाव जीत के संसद पहुंचल बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन लागता कि फेर से राजनीति में किस्मत आजमावे के विचार करतारे।

अमिताभ बच्चन के ओर से पछिला कुछ दिन में कुछ अयीसन कदम उठावल गईल, जवन कि राजनीति में बढ़त उनुकर रुचि के संकेत देतीया। पूर्व प्रधानमंत्री राजीव गांधी के मौत के कुछ समय बाद से कांग्रेस से दूरी बनाके राखे वाला अमिताभ बच्चन अचानक ट्विटर प कांग्रेस के आधिकारिक हैंडल समेत पार्टी के बहुत नेता के फॉलो करे लागल बाड़े।

एक समय गांधी परिवार के करीबी लोग में गिनाए वाला अमिताभ बच्चन के पछिला कुछ समय से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के समर्थक चाहे करीबी लोग में गिनल जाला। लेकिन सालों तक कांग्रेस से दूर रहेवाला अमिताभ बच्चन अचानक कांग्रेस में रुचि लेके सभके हैरान क देले बाड़े।

कुछ लोग त इहाँ तक कहतारे कि अमिताभ बच्चन बहुत जल्दी कांग्रेस में आधिकारिक तौर प शामिल होखेवाला बाड़े। हालांकि बिग बी के ओर से ए मामला में कवनो बयान नईखे आइल।

ए अंदाज़ाबयानी के शुरूआत ओ समय भईल जब बिग बी कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी अवुरी कांग्रेस के आधिकारिक ट्विटर आकउंट के फॉलो करे शुरू कईले। कांग्रेस पार्टी अपना आधिकारिक हैंडल से एकरा प एगो ट्वीट क के बिग बी के धन्यवाद भी कहलस।

बिग बी आज राहुल गांधी अवुरी कांग्रेस पार्टी के संगे-संगे पी चिदंबरम, कपिल सिब्बल, अहमद पटेल, अशोक गहलोत, अजय माकन, ज्योतिरादित्य सिंधिया, सचिन पायलट, मनीष तिवारी, शकील अहमद, संजय निरुपम, रणदीप सुरजेवाला, प्रियंका चतुर्वेदी, संजय झा अवुरी सीपी जोशी समेत कांग्रेस के दर्जनों नेता के फॉलो करतारे।

कांग्रेस पार्टी के अलावे अमिताभ बच्चन विपक्ष के बाकी पार्टी के कुछ नेता के भी फॉलो करे शुरू क देले बाड़े। ए लोग में राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव, उनुकर बेटी मीसा भारती, जदयू के नीतीश कुमार, वाम दल के सीताराम येचुरी, नेशनल कॉन्फ्रेंस के उमर अब्दुल्ला, एनसीपी के सुप्रिया सुले के नाम शामिल बा। कांग्रेस अवुरी विपक्ष में अमिताभ बच्चन के बढ़त रुचि से जहां कांग्रेस पार्टी हैरान बिया, उहें भाजपा समर्थक भी ए बात पचा नईखन पावत।

हालांकि अमिताभ बच्चन के ए कदम के अलग-अलग मतलब निकालल जाता। कहल जाता कि बिग बी बदलत राजनीतिक हवा के मुताबिक बाकी दल, खास तौर प कांग्रेस संगे अपना संबंध में सुधार ले आवल चाहतारे।

दक्षिण में कमल हासन के राजनीतिक पार्टी बनावला के बाद रजनीकान्त के भी राजनीति में उतरे के चर्चा होखता। ऐने अमिताभ बच्चन भी कांग्रेस में बहुत जादे रुचि लेवे लागल बाड़े। ए सभके जोड़ के देखला प लागता कि बिग बी कांग्रेस में शामिल होखस चाहे मत होखस, लेकिन राजनीति से अब उ बहुत जादे दिन दूर नईखन रहेवाला।

  • Share on:
Loading...