महिला अपना अंगुरी के काट के लॉकेट नीहन पहीन लेलस

महिला अपना अंगुरी के काट के लॉकेट नीहन पहीन लेलस

एगो हैरान करेवाली घटना में एगो महिला अपना हाथ के कानी अंगुरी काट के गर्दन में लॉकेट नीहन पहीन लेलस। करीब 30 साल उमर के इ महिला अपना बायाँ हाथ के अंगुरी कटला के बाद अंगुरी के बोल्ट कटर से साफ कईलस अवुरी एगो छोट बोतल में शराब के संगे गर्दन में लटका लेलस।

शरीर के अलग-अलग अंग प गोदना (टैटू) गोदे वाली ए महिला के कहनाम बा कि उ अयीसन करे के सालों से सोचत रहे अवुरी लागत रहे कि इ बहुत अद्भुत विचार बा। दक्षिणपूर्व इंग्लैंड के एसेक्स निवासी टोर्ज रेनॉल्ड्स नाम के ए महिला के कहनाम बा कि अंगुरी काट के गर्दन में पहिरल ओकर सपना रहे।

Woman Chopped Her Finger
महिला के कहनाम बा कि अंगुरी काट के गर्दन में पहिरल ओकर सपना रहे।

अंगुरी कटला के बाद महिला ओकरा के साफ कईलस अवुरी डीप फ्रीजर में कुछ दिन बदे छोड़ देलस। टोर्ज कहली कि, "हम भूला गईल बानी कि हमरा हाथ में इ अंगुरी रहे। हम एकरा के बर्बाद ना कईल चाहत रहनी, एहीसे लॉकेट नीहन गर्दन में पहीन लेनी।" उ कहली कि, "हम सोचनी कि एकरा से लॉकेट आसानी से बन जाई।"

टोर्ज कुछ दिन पहिले आपन जन्मदिन बनवली, ए मौका प उनुकर बॉयफ्रेंड उनुका कानी अंगुरी खाती एगो बहुत छोट टोपी उपहार में देले। ओ टोपी के कानी अंगुरी के बाचल हिस्सा में पहिरा के देखावत टोर्ज कहली, "इ टोपी हमरा जन्मदिन प हमार बॉयफ्रेंड उपहार में देले बाड़े। हमरा लागता कि इ बहुत सुंदर बा।"

Woman Chopped Her Finger
टोर्ज कुछ दिन पहिले आपन जन्मदिन बनवली, ए मौका प उनुकर बॉयफ्रेंड उनुका कानी अंगुरी खाती एगो बहुत छोट टोपी उपहार में देले।

उ कहली, "बहुत एकरा के लाजवाब बतवले बाड़े, सब केहु जानता कि हम कवनो बात के गंभीरता से ना लेवेनी।" टोर्ज कहली कि उनुका अपना दोस्त के देख के अयीसन करे के प्रेरणा मिलल, काहेंकी उहो अयीसन कईले रहले।

हालांकि उ अयीसन करे के पहिले कुछ दिन तक अपना अंगुरी के मोड के रखली अवुरी देखली कि जड़ी उनुकर कानी अंगुरी नईखे रहत उनुका जीवन प कईसन प्रभाव पड़ता।

ब्रिटिश अखबार मिरर के मुताबिक अपना शरीर के अंग काटे-छांटे के मामला में टोर्ज के इतिहास बहुत पुरान बा। रिपोर्ट के मुताबिक 2014 अपना पछिला बॉयफ्रेंड से जब टोर्ज अलग भईली त कलाई प बनल एगो टैटू के काट के डाक से ओ युवक के भेज देले रहली।

कलाई काटे के बारे में टोर्ज बतवली कि, "हम एहसे काट के भेज देनी कि उ अब हमरा अखड़त रहे आ हम चाहत रही कि उ टैटू हमरा कलाई से हमेशा खाती हट जाए।"

  • Share on:
Loading...