सुजुकी 'बर्गमन स्ट्रीट 125' के भारतीय बाजार में उतारे के तैयारी कईलस

सुजुकी 'बर्गमन स्ट्रीट 125' के भारतीय बाजार में उतारे के तैयारी कईलस

दुनिया के प्रमुख वाहन निर्माता सुजुकी जब फ़रवरी में ऑटो एक्सपो 2018 में कंपनी के नयका स्कूटर 'बर्गमन स्ट्रीट 125' के पेश कईलस त एकरा ओर बहुत लोग आकर्षित भईल रहले। शायद एही आकर्षण के देखत कंपनी अब भारत में ए स्कूटर के लॉन्च करे के तैयारी में बिया।

जदी मीडिया रिपोर्ट प भरोसा कईल जाए त सुजुकी 'बर्गमन स्ट्रीट 125' के अप्रैल महीना में बाजार में उतारे के तैयारी करतिया। एगो रिपोर्ट के मुताबिक सुजुकी के ए स्कूटर के ऑन-रोड कीमत करीब 75,000 रुपया होई।

Suzuki Burgman Street 125

यूरोपियन डिजाईन के झलक देत ए जापानी स्कूटर के मूल डिजाईन सुजुकी के 'बर्गमन' स्कूटर के बा, जवन कि दुनिया के अलग-अलग देश में अलग-अलग इंजन के संगे बेचल जाला।

जहां तक फीचर के बात बा, त सुजुकी बर्गमन स्ट्रीट 125 में एलईडी हेडलैंप, फुल डिजिटल इंस्ट्रूमेंट पैनल, फ्रंट डिस्क ब्रेक आदि प्रमुख बा। लेकिन ए स्कूटर के असली जान एकर 125 सीसी वाला इंजन बा।

सुजुकी एक्सेस में लागल 125 सीसी इंजन से लैस बर्गमन स्ट्रीट 125 के इंजन से 6,500 आरपीएम प 8.6 बीएचपी के ताकत अवुरी 5,000 आरपीएम प 10.2 एनएम के टॉर्क मिलेला। बाकी फीचर में एगो 12वोल्ट के चार्जिंग सॉकेट, सीट के नीचे सामान धरे खाती बहुत जगह, ट्यूबलेस टायर अवुरी पीछे के एलईडी टेललैंप शामिल बा।

बर्गमन स्ट्रीट 125 में 10.5 लीटर के तेल के टंकी अवुरी आगे सामान राखे खाती 7 लीटर वाला कम्पार्टमेंट दिहल बा। सुजुकी के बर्गमन स्ट्रीट 125 के सीधा मुकाबला हौंडा एक्टिवा 125, टीवीएस एनटार्क 125, हौंडा ग्रेजिया अवुरी अप्रिलिया एसआर 125 से होई।

  • Share on:
Loading...