शाहरुख के सबेरे-सबेरे जगावल कैटरीना के भारी परल, मिलल लाजवाब इनाम!
- मनोरंजन ब्यूरो |

बॉलीवुड के बादशाह, माने शाहरुख खान अपना अभिनय के अलावे अपना सूते के आदत अवुरी काम करे के तरीका के बारे में भी मशहूर हवे। किंग खान के नाम से बॉलीवुड में मशहूर शाहरुख के खूब सबेरे जागल पसंद ना ह, लेकिन उ अपना देरी से उठे के आदत के भरपाई देरी तक काम क के करेले।
शुकवार के शाहरुख एगो फोटो ट्वीट कईले, जवन कि उनुका अगिला फिल्म 'जीरो' के सेट के रहे। शुक्रवार के सबेरे-सबेरे शाहरुख के कैटरीना कैफ के संगे एगो सीन के शूटिंग करे के रहे, लेकिन शाहरुख के आंख रहे कि कवनो कीमत प खुले के तैयार ना रहे।
शाहरुख स्थिति के बतावत एगो फोटो संगे ट्वीट में लिखले, "जब आपके संगे एतना 'चमकदार' अवुरी 'उत्साही' लोग होखस कि आपके आंख ना खुले, त हमरा के 'जीरो' के शूट खाती सबेरे-सबेरे जगावे वाला के सही इनाम मिले के चाही!" आगे उ लिखले कि इ फोटो उनुका 'मीडिया मेनेजर कैटरीना के सौजन्य से' मिलल बा।
When the company is sooo scintillating & exciting that u can’t keep ur eyes open! Serves them right for calling me to early morning shoots for #Zero ( Pic courtesy: Katrina my media manager ) pic.twitter.com/eNnzchfVV0
— Shah Rukh Khan (@iamsrk) March 2, 2018
कैटरीना के आपन 'मीडिया मेनेजर' बतावल शाहरुख के हिसाब कैटरीना के करनी के इनाम रहे जबकि शूटिंग के दौरान सेट प सूतल निर्देशक के इनाम रहे। अब इ इनाम ह कि सजा, एकरा अंदाज़ा लगावे के जिम्मेवारी कैटरीना अवुरी आनंद प छोड़ दिहल जाए!
मालूम रहे कि किंग खान के मुख्य भूमिका 'जीरो' में उनुका संगे कैटरीना कैफ बाड़ी अवुरी एकर निर्देशन 'तनु वेड्स मनु' से मशहूर भईल आनंद एल राय करतारे। आनंद अवुरी शाहरुख जहां पहिला बेर ए फिल्म में एक संगे काम करतारे उहें कैटरीना संगे उ पहिलहूं काम क चुकल बाड़े।
ए फिल्म में शाहरुख खान पहिला बेर कवनो बौना आदमी के भूमिका निभावतारे। आनंद एल राय निर्देशित 'जीरो' में शाहरुख खान अवुरी कैटरीना कैफ के संगे अनुष्का शर्मा कोहली भी देखाई दिहे अवुरी फिल्म 21 दिसम्बर 2018 के रिलीज होई।
First Update: 03 March, 2018 08:40 PM