कुशवाहा चुप लेकिन पासवान बोलतारे, आधा रात के नीतीश से मुलाकात, चर्चा के बाज़ार गरमाईल

जीतन राम मांझी पहिलही एनडीए छोड़ के जा चुकल बाड़े, जबकि राम विलास पासवान अवुरी उपेन्द्र कुशवाहा के नाम भी बहुत जल्दी एनडीए छोड़े वाला लोग में गिनल जाता।

जीतन राम मांझी पहिलही एनडीए छोड़ के जा चुकल बाड़े, जबकि राम विलास पासवान अवुरी उपेन्द्र कुशवाहा के नाम भी बहुत जल्दी एनडीए छोड़े वाला लोग में गिनल जाता।

बिहार अवुरी उत्तर प्रदेश के उपचुनाव में भाजपा गठबंधन के बरियार हार के बाद पूरा देश में राष्ट्रीय स्तर प महागठबंधन बनावे के चर्चा बा। एक ओर उत्तर प्रदेश में अखिलेश यादव अवुरी मायावती एक संगे आ चुकल बाड़े त दोसरा ओर जीतन राम मांझी एनडीए छोड़ के महागठबंधन के हिस्सा हो चुकल बाड़े।

एही बीच लगातार दु दिन से उपचुनाव में हार प चिंता जतावे वाला राम विलास पासवान अवुरी चिराग पासवान शनिवार के रात अचानक मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से भेट कईले। पासवान बाप-बेटा शनिवार के देर रात नीतीश कुमार संगे भईल अपना मुलाकात के शिष्टाचार वाली मुलाकात बतवले। लेकिन ए मुलाकात के बाद बिहार में चर्चा अवुरी अंदाज़ा-बयानी के बाज़ार गरमा गईल बा।

ओने बिहार के आरा में मांझी के हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा के प्रवक्ता दानिश रिजवान अवुरी उपेन्द्र कुशवाहा के बीच भईल बातचीत के मतलब भी निकालल जाता। हालाँकि कुशवाहा अपना ओर से कहले कि रालोसपा के एनडीए छोड़े के अफवाह में कवनो दम नईखे।

पासवान बाप-बेटा के बयान अवुरी नीतीश कुमार से मुलाकात आ उपेन्द्र कुशवाहा के दानिश रिजवान से मुलाकात के बाद बिहार के राजनीतिक गलियारा में चर्चा होखता कि रालोसपा अवुरी लोजपा बस घोषणा करे भर एनडीए के हिस्सा बाड़े, राजद संगे सबकुछ तय हो चुकल बा अवुरी दुनो दल बहुत जल्दी महागठबंधन में देखाई दिहे।

कुछ अति-उत्साही लोग त इहाँ तक कहतारे कि जदी 2020 के विधानसभा चुनाव के बाद महागठबंधन के सरकार बनल त कुशवाहा अवुरी चिराग के उपमुख्यमंत्री के पद दिहल जाई। लेकिन इहाँ याद राखे के बाद ए अंदाज़ा-बयानी के पीछा पासवान बाप-बेटा के बयान अवुरी कुशवाहा के चुप्पी बाटे।

बिहार-यूपी के उपचुनाव के नतीजा अईला के बाद चिराग पासवान कहले कि मांझी अवुरी चंद्रबाबू नायडू (तेलुगु देशम पार्टी) जईसन नेता के एनडीए छोड़ के गईल बढ़िया संकेत नईखे देत। चिराग के बाद खुद पासवान कहले कि उपचुनाव में एनडीए उम्मीदवार के हार से भारी नुकसान भईल बा अवुरी इ चिंता के विषय बाटे।

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के 'सबका साथ, सबका विकास' के नारा के आड़ में केंद्र सरकार अवुरी भाजपा प सवाल खाडा करत पासवान कहले कि "कांग्रेस सभी वर्ग को संगे लेके राज कईलस, हमनियो (एनडीए) के सबके साथ प गंभीरता से विचार करे के चाही।"

मांझी अवुरी नायडू के एनडीए छोडला प पासवान कहले कि, "जेकरा जाए के बा उ एनडीए छोड़ के जाता, हमनी (लोजपा) के एनडीए के संगे बानी।"

  • Share on:
Loading...