'बेवफा ब्यूटी' उर्मिला के गर्मी के मौसम में 'ब्लैकमेल' संगे वापसी होई

'बेवफा ब्यूटी' उर्मिला के गर्मी के मौसम में 'ब्लैकमेल' संगे वापसी होई

एक समय बॉलीवुड प राज करेवाली 'रंगीला गर्ल' उर्मिला मातोंडकर एक बेर फेर दर्शक के अपना अदा अवुरी डांस से रिझावे के तैयारी क लेले बाड़ी। उर्मिला के नया अंदाज़ अवुरी डांस बहुत जल्दी इरफान खान के मुख्य भूमिका वाली 'ब्लैकमेल' में देखाई दिही।

उमर अवुरी समय के हरेक निशानी के मेटावत उर्मिला के फिल्म के एगो गीत 'बेवफा ब्यूटी' में देखल अद्भुत अनुभव बा। ए गाना के विडियो के देखत कतहू से नईखे लागत कि उर्मिला 90 के दशक के हीरोइन हई अवुरी करीब एक दशक बाद फिल्मी पर्दा प आवतारी।

अमित त्रिवेदी के संगीत अवुरी पवनी पांडेय के गावल ए गीत के जारी होखला के बाद उर्मिला के प्रशासंक उनुका के बड़का पर्दा प देखे खाती बहुत बेताबी से इंतज़ार करतारे।

उर्मिला के ए गाना में लेवे के कारण बतावत 'ब्लैकमेल' के निर्देशक अभिनय देव कहले कि "उर्मिला बहुत बड़ स्टार हई, उ कवनो आइटम गर्ल ना हई। हमनी के एगो अयीसन कलाकार के जरूरत रहे जवन की स्टार होखे लेकिन कुछ समय से बड़का पर्दा प देखाई ना देले होखे। एकरा खाती जवन नाम हमनी के सोझा आईल ओकरा में से हमनी के सबसे बढ़िया आदमी के चुन लेनी। उर्मिला हमनी के कसौटी प हर तरह से ठीक रहली अवुरी अब जबकि गाना सबके सोझा बा त हमनी के अपना फैसला प गर्व होखता।"

फिल्म के निर्माता अवुरी मशहूर संगीत कंपनी 'टी-सिरीज़' के मालिक भूषण कुमार बतवले कि "हमनी के फिल्म में एगो अयीसन गाना के जरूरत रहे जवन कि बिना अश्लील भईले 'नटखट' अवुरी 'आकर्षक' होखे। फिल्म के 'बेवफा ब्यूटी' उहे गाना ह।"

उ कहले कि अमिताभ भट्टाचार्य के लिखल गीत के अमित त्रिवेदी बहुत संगीत से सजवले आ पावनी पांडेय बहुत सुंदर से गवली। भूषण कुमार कहले कि उर्मिला प फ़िलमावल इ गीत बहुत बढ़िया लागता अवुरी आशा बा कि गर्मी के मौसम में तापमान जरूर बढ़ाई।

इरफान खान, कीर्ति कुलहरि, दिव्या दत्ता, अरुणोदय सिंह, ओमि वैद्या, अनुजा साठे, प्रधूमन सिंह, गजराज राव जईसन अभिनेता वाली 'ब्लैकमेल' के एगो कॉमेडी फिल्म बतावल जाता। फिल्म 6 अप्रैल 2018 के देशभर के सिनेमा घर में रिलीज होई।

  • Share on:
Loading...