प्रेमिका अयीसन जगह अंगूठी पहिरा देलस कि प्रेमी मरे के कगार प पहुंच गईल

प्रेमिका के हाथे मरे के कगार प पहुंचल प्रेमी मनोसर

प्रेमिका के हाथे मरे के कगार प पहुंचल प्रेमी मनोसर

प्रेम-प्रसंग से जुडल एगो मामला में प्रेमी के रोज-रोज के हरकत से परेशान एगो लईकी सबक सिखावे के मकसद से अयीसन भयानक काम क देलस कि प्रेमी युवक के जान खतरा में पर गईल। फ़िलहाल युवक पूरा तरीका से सुरक्षित बा, लेकिन इ घटना ओकरा दिमाग प बहुत गंभीर असर कईले बिया।

न्यूज़कोड के एगो रिपोर्ट के मुताबिक चेन्नई के एगो निजी कंपनी में काम करेवाला झारखंड के गिरिडीह निवासी मनोसर तीन दिन पहीले जब अपना घरे पहुंचले अवुरी अपना संगे भईल घटना के बारे में बतवले त सभके होश उड़ गईल।

मनोसर बतवले कि चेन्नई में उनुकर एगो प्रेमिका बिया जवन कि मजाक-मजाक में उनुका गुप्तांग में लोहा के अंगूठी पहिरा देले बिया। उ अंगूठी अब उनुका गुप्तांग में फंस गईल बिया आ ओकरा चलते बहुत दर्द होखता। बतावल जाता कि मनोसर एकरा से पहीले चेन्नई में भी कुछ डॉक्टर संगे मिलिके ए अंगूठी के निकलवावे के प्रयास कईले रहले, लेकिन कवनो डॉक्टर उनुकर मदद करे प तैयार ना भईल रहे।

जानकारी मिलला के बाद एक ओर परिवार के लोग के हैरान रहले त दोसरा ओर उ लोग तुरंत मनोसर के लेके गिरिडीह के अस्पताल-अस्पताल घुमे शुरू क देले, लेकिन इहाँ भी निराशा मिलल। सरकारी समेत निजी अस्पताल के डॉक्टर तक मनोसर के मदद करे से मना क देले।

गिरिडीह में डॉक्टर-डॉक्टर अवुरी अस्पताल-अस्पताल घुमला के बाद निराश हो चुकल मनोसर के परिवार थाक-हार के धनबाद पहुंचल लेकिन एहिजो शुरूआती दौर में सफलता ना मिलल। धनबाद के पाटलिपुत्र मेडिकल कॉलेज अस्पताल के डॉक्टर तक मनोसर के गुप्तांग में फंसल अंगूठी के निकाले से इनकार क देले।

Iron Ring
धनबाद में एगो निजी अस्पताल के डॉक्टर अपना देखरेख में एगो मिस्त्री के मदद से अंगूठी के काट के निकलले।

लगातार इनकार से परेशान मनोसर के परिवार अंत में उनुका के धनबाद के एगो निजी अस्पताल में लेके पहुंचल अवुरी उहाँ के एगो डॉक्टर के समूचा जानकारी देलस। अस्पताल के डॉक्टर एगो मिस्त्री के बोलवले अवुरी अपना देखरेख में ओ अंगूठी के काट के निकलले। अस्पताल के डॉक्टर के मुताबिक पूरा अभियान में मनोसर के गुप्तांग से बहुत खून निकलल लेकिन अब उ खतरा से बहरी बाड़े अवुरी बहुत जल्दी सामान्य हो जईहे।

हालाँकि अभी तक साफ़ नईखे कि मनोसर के प्रेमिका उनुका कवना हरकत से नाराज़ होके अयीसन खतरनाक कदम उठवली अवुरी मनोसर अपना प्रेमिका के अयीसन करे से काहें ना रोकले। संभावना जतावल जाता कि हंसी-ठिठोली के बीच अयीसन भयानक काम भईल होई।

आज मनोसर पूरा तरीका से ए खतरा से बहरी बाड़े लेकिन ए घटना के उनुका दिमाग प अयीसन असर भईल बा कि प्रेम अवुरी प्रेम में हंसी-ठिठोली कईल त बहुत बड़ बात बा, अब कवनो लईकी के ओर देखे से पहीले भी उ हज़ार बेर सोचतारे।

  • Share on:
Loading...