गर्भवती महिला के मानसिक तनाव के सीधा असर गर्भ में पलत बच्चा के दिमाग प परेला: अध्ययन

गर्भवती महिला के मानसिक तनाव के सीधा असर गर्भ में पलत बच्चा के दिमाग प परेला: अध्ययन

बहुत पहीले से जवन बात कहल जाला, एगो अध्ययन ओही बात के दोहरावत दावा कईलस कि गर्भवती महिला जदी तनाव में रही त गर्भ में पलत बच्चा प बाउर असर परेला। अध्ययन के नतीजा में कहल गईल कि बच्चा के दिमाग के विकास खाती गर्भवती महिला के तनाव से मुक्त रहल बहुत जरूरी बा।

अमेरिका के मेसाचुसेट्स में बोस्टन के 'कॉग्निटिव न्यूरोसाइंस सोसाइटी (Cognitive Neuroscience Society in Boston)' के बैठक में पेश भईल ए अध्ययन के रिपोर्ट में कहल गईल गर्भवती महिला जदी तनाव में रही त ओकरा गर्भ में पलत बच्चा के दिमाग के तंत्रिका संपर्क बदल जाला।

अध्ययन दल में शामिल वेन स्टेट यूनिवर्सिटी के मोरिया थॉमसन कहले, "इ बात बहुत दिन से कहल जाला, लेकिन इंसान प एकर कबहूँ परिक्षण ना भईल रहे। हमनी के अध्ययन से साबित हो गईल कि गर्भवती महिला के मानसिक तनाव के सीधा असर ओकरा कोख में बढ़त बच्चा के दिमाग प परेला।"

उ कहले कि महतारी के मानसिक स्थिति के असर के बतावे वाला इ पूरा अध्ययन बच्चा के जनम से लेके ओकरा बाद तक भईल। उ कहले कि पहीले आज अयीसन तकनीक उपलब्ध ना रहे, लेकिन अब तकनीक के मदद से गर्भ में पलत बच्चा के विकास के देखल अवुरी रिकॉर्ड कईल जा सकता अवुरी एकरा से हमनी के अध्ययन में बहुत मदद मिलल।

ए अध्ययन में 47 गर्भवती महिला के गर्भ के 30वां सप्ताह से लेके 37वां सप्ताह तक FMRI के मदद से जांच भईल अवुरी गर्भ में पलत बच्चा में आवत बदलाव के रिकॉर्ड कईल गईल। एकरा खाती कम तनाव वाला माहौल में रहेवाली महिला से लेके बहुत जादे तनाव वाला माहौल में रहे वाली महिला के चुनल गईल आ चिंता, डिप्रेशन, खीझ, गुस्सा आदि के स्तर प अलग-अलग महिला के समूह बनावल रहे।

अध्ययन के दौरान पाता चलल कि भारी तनाव में रहेवाली महिला के गर्भ में पोसात बच्चा के दिमागी क्रिया बाकी के मुकाबले अलग अवुरी धीरे बाटे। ए दौरान मिलल आंकड़ा के मुताबिक बच्चा के दिमाग साधारण तंत्र से मुश्किल तंत्र के ओर विकसित ना होखेला। दिमाग में सबसे पहीले ओ क्षेत्र के विकास होखेला जवन कि तंत्र के समझे खाती सबसे जरूरी होखेला।

रिसर्च टीम कहलस कि गर्भ में पोसात बच्चा के दिमाग के विकास में सेरिबैलम प्रमुख भूमिका निभावेला जवना प गर्भवती महिला के मानसिक स्थिति के सीधा असर परेला अवुरी एकरे चलते सलाह दिहल जाला कि गर्भवती महिला के तनाव में ना रहे के चाही अवुरी खुश रहे के प्रयास करे के चाही।

  • Share on:
Loading...