रानी चटर्जी भोजपुरी में कहली 'आई लव यू', त कल्पना कहली 'इ दिल के मामला ह…'

रानी चटर्जी

रानी चटर्जी

बिहार, झारखंड अवुरी उत्तर प्रदेश के लाखों लोग के दिल प राज करेवाली भोजपुरिया अभिनेत्री रानी चटर्जी प आजकल 'प्यार के बोखार' चढ़ल बा। एगो अभिनेता के प्यार में उ अयीसन पागल भईली कि 'आई लव यू' बोलत-बोलत आघात तक नईखी।

Rani Chatterjee
म्यूजिक विडियो में रानी चटर्जी

कुछ दिन पहिले रानी यू-ट्यूब प एगो विडियो अपलोड कईली। कल्पना के गावल रानी के पहिला भोजपुरी विडियो 'आई लव यू' में रानी संगे अभिनेता मॉडल सौरभ राय देखाई देतारे। ए विडियो के ओपेनिंग लाइन बा -
'इ दिल के मामला ह
रखिह कदम संभाल के
बात करे द अँखिया के
चुपके-चुपके प्यार के'

Rani Chatterjee
म्यूजिक विडियो में रानी चटर्जी

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर संगीतकार मधुकर आंनद के संगीत के सजल ए म्यूजिक विडियो के प्रॉडक्शन के स्तर बहुत बढ़िया अवुरी भोजपुरी सिनेमा आ विडियो के मुक़ाबले बहुत ऊपर बाटे। गीत, संगीत समेत हरेक मामला में विडियो एकदम अलग अवुरी बढ़िया स्तर के बा।

Rani Chatterjee
म्यूजिक विडियो में रानी चटर्जी अवुरी सौरभ राय

ए विडियो के रिलीज के बाद रानी कहली कि भोजपुरिया दर्शकन के प्यार के नतीजा बा कि आज उ अपना चैनल प पहिला बेर कवनो भोजपुरी गाना ले आईल बाड़ी।

Rani Chatterjee
म्यूजिक विडियो में रानी चटर्जी

रानी कहली कि "हमरा लागता कि भोजपुरी भाषी दर्शक के टेस्‍ट अब बदल चुकल बा अवुरी उहो लोग अब नया तरीका के गीत-संगीत में जादे रुचि लेतारे। एकरे के देखत हम कुछ नया करे के सोचनी अवुरी कल्पना जी ए काम में हमार साथ दिहली।"

  • Share on:
Loading...