खेसारी के 'पत्नी' जब 'टेम्पू से नईहर…' जाए के धमकी देली त हलफ़ा मच गईल!

खेसारी के 'पत्नी' जब 'टेम्पू से नईहर…' जाए के धमकी देली त हलफ़ा मच गईल!

कुछ समय पहिले भोजपुरी गीत-संगीत में अश्लीलता के खिलाफ आवाज़ बुलंद करेवाला खेसारी लाल यादव एगो अयीसन गीत से धूम मचा देले, जवना कि अश्लील त नईखे लेकिन 'चटक' बहुत बा। फिल्मस्टार बने से पहिले गायकी खाती मशहूर खेसारी जब खुद ए गाना प ठुमका लगवले त देखेवाला अपना के रोके ना पवलस।

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई में आयोजित 'उत्तर भारतीय सम्मान समारोह' के दौरान स्टेज प रितू सिंह संगे खेसारी लाल यादव अपना सुपरहिट गीत 'राजा टेम्पू से नईहर चल जाईब…' प जोरदार ठुमका लगवले।

उत्तर प्रदेश-बिहार अवुरी झारखंड में मशहूर 'राजा टेम्पू से नईहर चल जाईब…' के गाना प खेसारी अवुरी रितू सिंह के डांस शुरू भईल त हलफ़ा मच गईल अवुरी उहाँ मौजूद हरेक आदमी हैरान रह गईल। कुछ लोग जहां खुद सीट से उठ के डांस करे लगले त बाकी लोग के रोवां-रोवां फरके लागल।

ए कार्यक्रम के विडियो फिलहाल यूट्यूब (भारत) के टॉप 20 में शामिल बा। अभी तक ए विडियो 26 लाख से जादे लोग देख चुकल बाड़े। महाराष्ट्र सरकार के मंत्री एकनाथ शिंदे के मौजूदगी में भईल ए कार्यक्रम में खेसारी के डांस भी एकदम नया स्टाइल के बाटे।

ए विडियो में शामिल गाना के गीत बहुत हद तक भारत शर्मा 'व्यास' के याद परावता। गीत में एगो महिला परदेश कमाए गईल अपना पति से कहतारी कि ससुराल में सास-ननद उनुका के बहुत तंग करतारी, एहसे जदी उ घरे ना लवट के अईले त उ सबकुछ छोड़-छाड़ के सुतली रात टेम्पू से नईहर चल जईहे।

  • Share on:
Loading...