अब हीरो के कवनो बाइक के स्पेयर पार्ट घरे बईठले मिली, असली अवुरी किफ़ायती के गारंटी

अब हीरो के कवनो बाइक के स्पेयर पार्ट घरे बईठले मिली, असली अवुरी किफ़ायती के गारंटी

देश के प्रमुख दुपहिया निर्माता हीरो मोटोकॉर्प अपना ग्राहक के घर बईठल असली पार्ट पुर्जा उपलब्ध करावे के मकसद से ई-कॉमर्स पोर्टल शुरू करे के घोषणा कईलस। हीरो के आधिकारिक पोर्टल प कंपनी के हरेक बाइक अवुरी स्कूटर के असली स्पेयर पार्ट उपलब्ध होई।

कंपनी के ए कदम से नकली अवुरी गलत स्पेयर पार्ट के चलते होखे वाली परेशानी से मुक्ति मिल सकता। कंपनी के मुताबिक मार्केट लीडर होखला के नाता से हीरो मोटोकॉर्प हमेशा बाकी लोग से एक कदम आगे रहल बा। कंपनी एही कोशिश के तहत अब ई-कॉमर्स पोर्टल ले आईल बिया, जवना से देश के कवनो हिस्सा में असली पार्ट आसानी से उपलब्ध हो जाई।

मिलल जानकारी के मुताबिक हीरो मोटोकॉर्प ग्राहक के जल्दी अवुरी बढ़िया सेवा देवे खाती एगो खास रणनीति बनवले बिया, जवना के तहत वेबसाइट से आवे वाला ऑर्डर के ग्राहक के जगह ले नजदीकी डीलर चाहे डिस्ट्रीब्यूटर के भेज दिहल जाई, जहां से कूरियर कंपनी पार्ट के पिकअप करी अवुरी ग्राहक तक पहुंचाई।

फिलहाल करीब 100 स्पेयर पार्ट डीलर अवुरी डिस्ट्रीब्यूटर वाली हीरो मोटोकॉर्प ग्राहक तक स्पेयर पार्ट के पहुंचावे खाती एगो राष्ट्रीय स्तर के कूरियर कंपनी संगे समझौता कईले बिया।

कंपनी फिलहाल डिलीवरी खाती अलग से कवनो खर्च नईखे लेत। संगही वेबसाइट (www.hgpmart.com) प दिहल कीमत भी बाज़ार अवुरी बाकी वेबसाइट के मुक़ाबले कम बुझाता। बस बाइक चाहे स्कूटर के मॉडल अवुरी साल बताई अवुरी ओ दुपहिया खाती उचित पार्ट खरीद लीही।

  • Share on:
Loading...