मरला के बादो एगो पत्नी हरेक साल अपना पति के जन्मदिन प कार्ड भेजेले!

मरला के बादो एगो पत्नी हरेक साल अपना पति के जन्मदिन प कार्ड भेजेले!

जब पति-पत्नी एक दोसरा से बहुते प्यार करेले त उनुका एक-दोसरा के बिना रहल मुश्किल हो जाला। जदी जिंदगी के कवनो मोड़ प दुनों के बिछड़े के पड़ जाए त उ सबसे दुख भरल समय होखेला। अयीसना में सिर्फ याद एगो सहारा बन के रह जाला अवुरी एही सहारे प्यार के जिंदा राखल जा सकता।

अईसने एगो कहानी इंग्लैंड के मिरफिल्‍ड शहर के रहेवाली डॉक्‍टर केट गारनर के ह, जवन मरला के बादो हरेक साल अपना पति के जन्मदिन प चिट्ठी भेजतरी।

दरअसल हॉलीवुड फिल्म लव स्‍टोरी पीएस आई लव यू से प्रभावित होके केट गारनर अपना पति खाती चिट्ठी लिखे शुरू कईली ताकि पति के हरेक जन्मदिन प उनुका दिल के बात पति तक पहुंत जाए।

चिट्ठी लिखे के पीछे के कारण इ रहे कि केट के पता चल गईल रहे कि उनुका कैंसर भईल बा। उनुका जिनगी के कवनो भरोसा नईखे। पति के संगे समय बितावे खाती उनुका भीरी बहुते कम समय बा। कबहू उनुकर मौत हो सकता।

केट अवुरी ग्रिस के बिआह होखला 11 साल भईल रहे कि 29 साल के उम्र में केट के मौत हो गईल। कैंसर से 5 साल जूझला के बाद उनुकर मौत हो गईल लेकिन आखिरी के 2 साल में उ चिट्ठी लिखे शुरू क देले रही। केट 2042 तक पति के जन्मदिन खाती चिट्ठी लिख के बॉक्स पैक क देली।

ए बॉक्स के नाम उ मैमोरी बॉक्स रखली अवुरी अपना पति से वादा लिहली कि उ कवनों हाल में उनुका मरे से पहिले बॉक्स ना खोलिहे। अब ग्रिस हरेक साल ए चिट्ठी के लेके बहुते खुश रहेले।

  • Share on:
Loading...