योगी ओ उत्तर प्रदेश मॉडल के प्रचार करतारे, जवना में घर से निकलला के बाद लवटे के गारंटी नईखे

योगी ओ उत्तर प्रदेश मॉडल के प्रचार करतारे, जवना में घर से निकलला के बाद लवटे के गारंटी नईखे

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प हमला बोलत कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष राजबब्बर कहले कि कर्नाटक के जनता कईसे भरोसा करे कि योगी जी के कहला से कर्नाटक में सुशासन मिली?

उ कहले कि कर्नाटक के जनता कहतिया कि योगी ओ उत्तर प्रदेश मॉडल के बात काहें करतारे, जहां नाबालिग बच्ची के बलात्कार ना, सामूहिक बलात्कार होखता। जहां के किसान आत्महत्या करतारे। जहां सबेरे घर से निकलला प त सांझ के घरे लवटे के गारंटी नईखे। जहां रोजगार के नाम प फिरौती अवुरी अपराध के धंधा चलता।

उत्तर प्रदेश में आईल आँधी-तूफान अवुरी ओकरा से भईल भारी तबाही के मुद्दा प मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के घेरत राज बब्बर कहले कि प्रदेश में आँधी-तूफान से भारी तबाही अवुरी जान-माल के नुकसान भईल लेकिन मुख्यमंत्री के कर्नाटक में चुनाव प्रचार से फुर्सत ना रहे।

उ कहले कि लागता कि योगी जी प्रदेश के मुख्यमंत्री पद प थोड़ही दिन खाती बाड़े।

योगी आदित्यनाथ के देश के सबसे गैर जिम्मेवार मुख्यमंत्री बतावत राज बब्बर कहले कि सरकार के मुख्य कर्तव्य आफत में लोग के मदद कईल होखेला, जबकि इहां के मुख्यमंत्री मदद कईला के जगह दोसरा प्रदेश में पार्टी के चुनाव प्रचार में व्यस्त रहले।

आँधी-तूफान में मरेवाला अवुरी तबाह होखेवाला लोग के परिवार के मुआवजा देवे के मांग करत राज बब्बर कहले कि आंधी तूफान से मरेवाला के परिवार के पचास-पचास लाख रुपया के मुआवजा आ आंधी-तूफान से पीड़ित परिवार के कम से कम तीस लाख के मुआवजा दिहल जाए अवुरी ओ लोग के जीनिगी के फेर से शुरू करे में मदद कईल जाए।

  • Share on:
Loading...