कमलनाथ के बयान से भाजपा तिलमिलाईल, माफी मांगे के सलाह देलस

कमलनाथ के बयान से भाजपा तिलमिलाईल, माफी मांगे के सलाह देलस

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अवुरी पूर्व केंद्रीय मंत्री कमलनाथ के एगो बयान से नया बवाल खाड़ा होखत देखाई देता। मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के दोस्त बतावत कामनाथ कहले कि कुछ दोस्त नालायक होखेले।

सोमवार के मीडिया के संबोधित करत कमलनाथ एगो सवाल के जवाब में शिवराज सिंह चौहान के आपन दोस्त बतवले, लेकिन एकरे संगे जोड़ देले कि हरेक दोस्त लायक ना होखेले, कुछ दोस्त नालायक भी होखेले।

कांग्रेस नेता के ए बयान के बाद भाजपा तिलमिला उठल अवुरी मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान खुद मोर्चा सम्हारत कहले कि हमरा हाथ में कुछ खास रेखा होई जवना के चलते कमलनाथ जईसन दोस्त उनुका लगे बा।

शिवराज कहले, "हाथ की रेखाएँ हमारी भी बहुत ख़ास हैं, तभी तो आप जैसा दोस्त हमारे पास है। जो सबसे हमेशा कहते फिरते हैं, बस 'कमल' ही लायक है, हम सब भी आपकी इज्जत करते हैं और ज़ोर-शोर से दोहराते हैं कि 'कमल का फूल' ही सबसे लायक है, भारतीय जनता ही हमारी नायक है।"

ओने कांग्रेस नेता भूपेंद्र गुप्ता ए मुद्दा प कहले कि इ दु दोस्त के बीच के मामला बा अवुरी एकरा में दोसरा आदमी के ना बोले के चाही। एक के टिप्पणी के जवाब दुसरका दे देले बा।

ऐने भाजपा कमलनाथ के बयान के मर्यादा के बहरी बतावत माफी मांगे के सलाह देलस। भाजपा सांसद आलोक संजर कहले कि सार्वजनिक जीवन में बड़ नेता के अमर्यादित भाषा से बाचे के चाही। जदी कबो गलती हो जाए त माफी मांग लेवे के चाही।

भाजपा सांसद के सलाह अवुरी टिप्पणी प कांग्रेस नेता भूपेंद्र गुप्ता कहले कि भाजपा के लोग के जदी भाषा के मर्यादा के अतना ख्याल बा त पहिले उ लोग अपना भीतरी झांक के देखस। 18 साल के लईकिन के चरित्र प सवाल करेवाला लोग आ कुकुर-बिलाई से सीखे के सलाह देवे वाला लोग के भाषा के मर्यादा प बोले के अधिकार नईखे।

  • Share on:
Loading...