बिहार सरकार शिक्षक के 4,257 पद खाती आवेदन मंगलस

बिहार सरकार शिक्षक के 4,257 पद खाती आवेदन मंगलस

बिहार सरकार के शिक्षा विभाग के ओर से राज्य के उच्च माध्यमिक (10+2) विद्यालय में अतिथि शिक्षक के पद प बहाली खाती आवेदन मंगावल जाता। अलग-अलग विषय खाती कुल 4,257 पद प होखेवाली ए बहाली खाती आवेदक के उमर 21 से 65 साल के बीच में होखे के चाही।

शिक्षा विभाग के मुताबिक ए मामला में राज्य के हरेक जिला के शिक्षा अधिकारी के जरूरी निर्देश दे दिहल बा अवुरी जिला स्तर प अलग-अलग विषय के टीचर के चुनाव खाती अलग-अलग पैनल बनावे के तैयारी चलता। जानकारी के मुताबिक बहाली के प्रक्रिया 15जून, 2018 के बाद शुरू होई।

विषय अवुरी पद के संख्या

अंग्रेज़ी : 1,041
भौतिकी (फ़िज़िक्स) : 1,024
रसायन (कैमिस्ट्री) : 974
गणित : 791
वनस्पति विज्ञान (बॉटनी) : 290
प्राणि विज्ञान (जूलॉजी) : 137

प्रमुख तारीख

आवेदन भेजे के शुरुआत : 21 मई, 2018 से
बहाली पूरा होखे के तारीख (अनुमानित) : 15 जून, 2018
ज्यादा जानकारी विभाग के आधिकारिक वेबसाइट पर 21 मई, 2018 के बाद उपलब्ध होई।

शैक्षणिक योग्यता अवुरी चयन प्रक्रिया
राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा (पेपर 2) के संगे पीजीटी पास उम्मीदवार के प्राथमिकता दिहल जाई। पीजीटी पास उम्मीदवार के चयन के बाद बाचल पद प टीजीटी पास उम्मीदवार के चुनाव होई। पीजीटी अवुरी टीजीटी शिक्षक के चुनाव के बाद खाली बाचल पद प पोस्ट ग्रेजुएट उम्मीदवार के चयन होई।

वेतन
अतिथि शिक्षक के बहाली दैनिक भुगतान के आधार प होई। अतिथि शिक्षक के रोज के हिसाब से 1,000 रुपया के समेकित वेतन मिली जवन कि अधिकतम 25 हजार रुपया प्रति माह होई। चुनाईल उम्मीदवार के नियुक्ति पत्र के बदला निमंत्रण पत्र मिली, जवना के पवला के सात दिन के भीतरी उम्मीदवार के स्कूल में हाजिर होखे के होई।

  • Share on:
Loading...