कोहबर में ढूके खाती तेजप्रताप के 50 हजार घूस देवे के परल तब जाके मामला सलटल!

कोहबर में ढूके खाती तेजप्रताप के 50 हजार घूस देवे के परल तब जाके मामला सलटल!

लालू यादव के बड़ बेटा के बिआह त धूमधाम से हो गईले लेकिन कोहबर में ढूके खाती भारी भरकम कीमत चुकावे के पड़ल। दरअसल तेज प्रताप यादव जब आपन दुल्हिनिया ऐश्वर्या राय के संगे कोहबर में जाए लगले त उनुकर साली (ऐश्वर्या के बहीन) आपन जीजा तेज प्रताप यादव से दुवार छेकाई के नेग मांगे लगली।

तेज प्रताप के साली एक दु हजार ना बालुक एक करोड़ रुपया के मांग क देली। अब अतना भारी-भरकम मांग सुन के तेज प्रताप भी तनिका हंसी-मज़ाक के मुड़ में आ गईले। अवुरी सगुन के तौर प 11 रुपया अपना जेब से निकल के देवे लगले।

कहाँ एक करोड़ आ कहाँ 11 रुपया। अतने प कोहबर के दुआरी प जीजा-साली के बीच नोक-झोंक शुरू हो गईल। बहुत मोल भाव के बाद साली 10 साल रुपया लेवे प तैयार भईली लेकिन जीजा बनल तेज प्रताप अतनों रुपया देवे खाती तैयार ना भईले।

आखिरकार जब मामला सलटत देखाई ना देलस त परिवार के बड़-बुजुर्ग के बीच में घुसे के परल। बड़ा मुश्किल से 50 हजार रुपया प बात बनल। जेकरा बाद तेज प्रताप दुवार छेकाई के रूप में 50 हजारा रुपया साली के देके रस्म पूरा कईले।

उहें राबड़ी देवी घर में पतोह अईला के बाद सोमवार के अपना बेटा-पतोह के संगे लेके बांके बिहारी मंदिर में भगवान के पूजा-अर्चना करे पहुंचली। राबड़ी देवी बेटा-पतोह से भगवान के विधिवत पूजा करवली।

राबड़ी देवी परिवार के उन्नति, सुख-समृद्धि के कामना कईली। ए मौका प उ भगवान के प्रति भरोसा जतावत कहली कि भगवान जवन करेले, ठीक करेले।

उ कहली बिआह में भाईचारा बनल रहल। सब कुछ शांतिपूर्वक हो गईल। एकरा खाती देश भर के लोग के संगे-संगे बिहार के लोग के धन्यवाद देतानी

  • Share on:
Loading...