अवैध रूप से बिहार आवत 28 लाख के शराब बरामद, चालक गिरफ्तार!

फाइल फोटो

फाइल फोटो

उत्तर प्रदेश के बलिया पुलिस अवुरी आबकारी विभाग के साझा दल बलिया जिला के सिकंदरपुर कस्बा में घेराबंदी क के ट्रक में भर के बिहार आवत करीब 28 लाख 56 हजार रुपया के अंगरेजी शराब बरामद क लेलस।

संगही चालक के गिरफ्तार क लिहल गईल। बलिया के पुलिस अधीक्षक श्रीपर्णा गांगुली बतवली कि ट्रक में कुल 886 पेटी रहे जवना में शराब के 600 बोतल अवुरी 38400 शीशी रहे।

बतावल जाता कि थानाध्यक्ष अनिल चंद तिवारी के सूचना मिलल रहे कि पंजाब में बनल अंगरेजी शराब से लदाईल एगो ट्रक बिहार आवता। एकर सूचना मिलते उ आबकारी विभाग के जानकारी दे देले।

थानाध्यक्ष के सूचना प कुछ देर में आबकारी विभाग निरीक्षक थाना पहुँचल अवुरी थानाध्यक्ष आ आबकारी निरीक्षक मौका प पहुंच के चालक के पकड़ लिहले। बाद में ट्रक के तलाशी लेवे प ओकरा में करीब 29 लाख के शराब बरामद भईल। पुलिस अलग-अलग धारा के तहत मुकदमा दर्ज क चालक परविंदर सिंह के जेल भेज देलस।

  • Share on:
Loading...