सत्ता में अईला के बाद से भाजपा सरकारी मशीनरी के दुरूपयोग क लोकतंत्र प हमला करतिया

सत्ता में अईला के बाद से भाजपा सरकारी मशीनरी के दुरूपयोग क लोकतंत्र प हमला करतिया

कर्नाटक विधानसभा चुनाव के बाद देशभर में सियासी घमासान शुरू बा। एक ओर जहां विपक्ष लगातार भाजपा प जबानी हमला करतिया उहें, एनडीए विपक्ष के मुंहतोड़ जवाब देवे से पीछे नईखे हटत।

कर्नाटक में भाजपा मुख्यमंत्री के उम्मीदवार बीएस येदियुरप्पा के मुख्यमंत्री के तौर प गुरुवार के शपथ लेवे प बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के राष्ट्रीय अध्यक्ष मायावती भाजपा प बरियार हमला बोलली। मायावती प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत कहली कि भारतीय जनता पार्टी बाबा साहेब आंबेडकर के बनावल संविधान के बर्बाद करे के साजिश रचतिया।

मायावती दिल्ली में प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत कहली कि जब से भाजपा सत्ता में आईल बिया तब से सरकारी मशीनरी के दुरूपयोग लोकतंत्र प हमल करे खाती करतिया।

एकरा से पहिले समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अवुरी उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव ट्वीट में येदियुरप्पा के शपथ ग्रहण प निशाना सधले।

अखिलेश यादव बिना केहु के नाम लिहले येदियुरप्पा के शपथ के लोकतंत्र के हत्या बतवले, संगही कर्नाटक में भाजपा के सरकार बनावे प इशारा-इशारा में एकरा के सत्ता के हनक अवुरी जमीर के मंडी सजावे जईसन संज्ञा देले।

अखिलेश यादव अपना ट्वीट में लिखले कि आज फिर लोकतंत्र के शपथ लिहल जाई। आज फिर एक बेर अवुरी हत्या कईल जाई। आज फिर सत्ता के हनक देखावल जाई। आज फिर ज़मीर के मंडी सजावल जाई। आज फिर आज़ादी तनिका अवुरी मर जाई।

मालूम रहे कि कर्नाटक में 48 घंटा के सियासी उतार-चढ़ाव के बाद आखिरकार भाजपा के सरकार बन गईल। भाजपा के बीएस येदियुरप्पा गुरुवार के तीसरा बेर मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहले। प्रदेश के राज्यपाल वजुभाई वाला, येदियुरप्पा के मुख्यमंत्री पद के शपथ दिअवले।

कांग्रेस के नेता डीके शिवकुमार कहले कि ए सरकार के उम्र अधिका नईखे। हमनी के पूरा भरोसा बा कि सरकार गिर जाई। काहेकि हमनी के लगे बहुमत बा। हमनी के सभी विधायक पार्टी के संगे बाड़े।

मालूम रहे कि बुधवार के सांझ के राज्यपाल सबसे बड़ पार्टी होखे के नाते येदियुरप्पा के सरकार बनावे नेवता देत 15 दिन में बहुमत साबित करे के कहले बाड़े। जेकरा बाद आनन-फानन में कांग्रेस सुप्रीम कोर्ट पहुंचल।

गुरुवार के सबेरे तक चलल सुनवाई में सुप्रीम कोर्ट शपथ ग्रहण पर रोक लगावे से इनकार क देलस। हालांकि, कोर्ट येदियुरप्पा अवुरी कांग्रेस से विधायक के बहुमत के सूची सौंपे के कहलस।

  • Share on:
Loading...