शारीरिक संबंध बनावे खाती कम से कम कतना उमर होखे के चाही

शारीरिक संबंध बनावे खाती कम से कम कतना उमर होखे के चाही

कानून के मुताबिक बिआह करे खाती लईका-लईकी के उमर कम से कम 21 साल आ 18 साल होखे के चाही, जबकि एकरा से कम उमर प बिआह चाहे शारीरिक संबंध बनावल कानूनी अपराध बा। लेकिन सवाल बा कि विज्ञान के हिसाब से सेक्स करे खाती कम से कम कतना उमर होखे के चाही? का समय से पहिले सेक्स कईला प नपुंसक होखे के खतरा मेड़राए लागेला?

भारतीय कानून के मुताबिक बिआह खाती लईकी के उमर कम से कम 18 साल अवुरी लईका के उमर कम से कम 21 साल होखे के चाही। हालांकि आपसी सहमति से संबंध बनावे खाती कम से कम 16 साल के उमर होखे के चाही।

पारंपरिक तौर प हमनी के समाज बिआह से पहिले केहु संगे शारीरिक संबंध बनावे के अनुमति ना देवेला, लेकिन आज के सच्चाई बा कि बहुत लोग बिआह से पहिले शारीरिक संबंध बनावतारे।

सरकार अवुरी संस्कार से अलग विज्ञान ए मामला में अलग विचार राखेला। विज्ञान में अयीसन कवनो सूत्र नईखे जवन कि सेक्स खाती कम से कम उमर बतावत होखे। विज्ञान शारीरिक संबंध के मामला में कम से कम अवुरी अधिक से अधिक उमर के कवनो सीमा नईखे तय कईले। साफ बा कि सरकार अवुरी संस्कार से अलग, सेक्स खाती उमर के कवनो बंधन नईखे।

हालांकि कवनो उमर में शारीरिक संबंध बनावे से पहिले दु चीज़ के ध्यान राखल जरूरी बा - ज़िम्मेदारी अवुरी सम्मान। केहु संगे कबहूँ संबंध बनावे से पहिले सोच लिही कि ए संबंध के नतीजा का होई? जदी नतीजा बाउर भईल त का आप ओकरा के बर्दाश्त करे पाईब?

ज़िम्मेदारी के बाद आवेला सम्मान। कबहूँ अयीसन जगह, अयीसन इंसान संगे अवुरी ए प्रकार के संबंध मत बनाई जवन कि आपके सामाजिक मान-सम्मान चाहे आत्मसम्मान के ठेस पहुंचावे। संगही, संबंध बनावत घरी साथी के इच्छा अवुरी फैसला के सम्मान करी।

अब सवाल रह गइल कि 'कम उमर में सेक्स कईला से आदमी नपुंसक त ना हो जाला,' त एकर जवाब बा कि ज़िम्मेदारी अवुरी सम्मान के संगे कवनो उमर में बनावल संबंध कवनो प्रकार से केहु के नपुंसक ना बनावेला।

  • Share on:
Loading...