बिहार में सब इंस्पेक्टर के पद प बहाली, 30 जून से पहिले आवेदन भेजी
- वेब डेस्क |

बिहार पुलिस अवर सेवा आयोग (बीपीएसएससी) में बिहार सरकार के मद्य निषेध, उत्पाद एवं निबंधन विभाग में अवर निरीक्षक उत्पाद (एक्साइज़ सब इंस्पेक्टर) के पद प बहाली खाती योग्य उम्मीदवार से आवेदन आमंत्रित करता।
मंगलवार के जारी भईल अधिसूचना के मुताबिक आयोग एक्साइज़ सब इंस्पेक्टर के 126 पद प बहाली खाती ऑनलाइन आवेदन मंगले बा। आवेदन करे के इच्छुक उम्मीदवार 30 जून, 2018 तक ऑनलाइन आवेदन भेज सकेले।
पद के संख्या, शैक्षणिक योग्यता, आयु सीमा अवुरी वेतनमान
कुल पद: 126
पद के नाम: एक्साइज सब इंस्पेक्टर
शैक्षणिक योग्यता: कवनो मान्यता प्राप्त संस्थान से स्नातक।
आयु सीमा: कम से कम 20 साल अवुरी अधिक से अधिक 37 साल।
वेतनमान: 4200 के ग्रेड पे के संगे 9,300-34,800 रुपया महीना।
आवेदन शुल्क अवुरी चयन के प्रक्रिया
आवेदन शुल्क: सामान्य, पिछड़ा वर्ग, अन्य पिछड़ा वर्ग आ अति पिछड़ा वर्ग के उम्मीदवार खाती 700 रुपया। अनुसूचित जाति/जनजाति वर्ग के उम्मीदवार खाती 400 रुपया।
चयन प्रक्रिया: उम्मीदवार के चयन लिखित परीक्षा आ फिजिकल टेस्ट के माध्यम से होई।
आवेदन करे के अंतिम तारीख: 30 जून, 2018
स्थान: बिहार
आवेदन के तरीका: उम्मीदवार के नीचे दिहल वेबसाइट के माध्यम से ऑनलाइन आवेदन भेज सकेले। आवेदन खाती जरूरी दिशा-निर्देश वेबसाइट प उपलब्ध बा।
वेबसाइट: www.bpssc.bih.nic.in
मूल अधिसूचना के देखे खाती इहाँ क्लिक करीं।
First Update: 22 May, 2018 03:26 PM