बहुत कम कीमत में ड्यूल सेल्फी कैमरा के संगे जानदार फीचर से लैस शानदार स्मार्टफोन

कूलपैड नोट 6 में ड्यूल सेल्फी कैमरा बाटे।

कूलपैड नोट 6 में ड्यूल सेल्फी कैमरा बाटे।

कुछ समय पहिले देश के मोबाइल मार्केट में कूलपैड नोट 6 स्मार्टफोन लॉन्च भईल। ऑनलाइन अवुरी नजदीक के शोरूम में उपलब्ध ए स्मार्टफोन के कूलपैड नोट 5 के अपग्रेड संस्करण बतावल जाता।

डबल (ड्यूल) सेल्फी कैमरा से लैस ए स्मार्टफोन के मुख्य कैमरा ऑटोफोकस के संगे 13 मेगापिक्सेल के बाटे जबकि फोन में ऑक्टा कोर क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 435 प्रॉसेसर लागल बा जवना के अधिकतम क्लॉक स्पीड 1.4 गीगाहर्ट्ज बाटे।

कूलपैड इंडिया के सीईओ सैयद ताजुद्दीन कहले, "डुअल सेल्फी कैमरा आ बड़ बैटरी के संगे कूलपैड नोट 6 स्मार्टफोन भारतीय ग्राहक खाती पूरा-पूरा 'पैसा वसूल' साबित होई।" उ कहले कि कंपनी अगिला 2-3 महीना में कुछ अवुरी स्मार्टफोन ऑफलाइन बाज़ार खाती लॉन्च करी।

कूलपैड नोट 6 के फीचर

ऑपरेटिंग सिस्टम: एंड्रॉयड 7.1 नूगा
डिस्प्ले: 5.5 इंच फुल एचडी

प्रॉसेसर: ऑक्टा कोर क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 435 प्रॉसेसर, मैक्स क्लॉक स्पीड 1.4 गीगाहर्ट्ज़।
रैम अवुरी ग्राफिक्स: 4 जीबी रैम आ एड्रेनो 505 जीपीयू ग्राफिक्स।

फ्रंट कैमरा: ड्यूल (डबल) सेल्फी कैमरा - 8 मेगापिक्सले आ 5 मेगापिक्सेल।
मुख्य कैमरा: ऑटोफोकस के संगे 13 मेगापिक्सेल।

स्टोरेज: 32 जीबी/64 जीबी। स्टोरेज के मेमोरी (एसडी) कार्ड के मदद से 128 जीबी तक बढ़ावल जा सकता।

कनेक्टिविटी: ड्यूल (डबल) सिम, 4जी वीओएलटीई, वाई-फाई, ब्लूटूथ, जीपीएस आ माइक्रो-यूएसबी।

बैटरी: 4070 एमएएच।

वजन: 170 ग्राम।
रंग: गोल्ड अवुरी ग्रे के विकल्प
कीमत: 32 जीबी के इंटरनल स्टोरेज वाला कूलपैड नोट 6 के कीमत 8,999 रुपया जबकि 64 जीबी के इंटरनल स्टोरेज वाला कूलपैड नोट 6 के कीमत 9,999 रुपया।

  • Share on:
Loading...