धर्म के नगरी में अधर्म, सामूहिक बलात्कार के बाद महिला के हत्या
- टीबीएच न्यूज़ |

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के लोकसभा क्षेत्र अवुरी धर्म के नगरी बनारस में एगो अधेड़ उमर के महिला के दु लोग अपना हवस के शिकार बनवले अवुरी विरोध कईला प ईंटा-पत्थर से कूँच-कूँच के मुआ देले।
सूचना के मुताबिक बनारस के बड़ागांव थाना क्षेत्र के लोकापुर गांव में बुधवार के सबेरे जब गांव के लोग शौच खाती घर से निकलले त गांव के बहरी बनल हनुमान जी के मंदिर के नजदीक एगो महिला के नाग-धड़ंग लाश देखले।
लाश होखे के खबर फैलते आसपास के लोग भारी संख्या में उहाँ जुट गईले अवुरी पुलिस के सूचना देले। सूचना मिलला के मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेजवा देलस अवुरी खोजी कुत्ता के मदद से जांच शुरू क देलस।
खोजी कुत्ता से मिलल जानकारी के आधार प पुलिस लक्ष्मीनिवास मिश्रा उर्फ डब्बू (45 साल) आ कल्लू गौड़ (50 साल) के गिरफ्तार क के जब पूछताछ कईलस त दुनो आपन गुनाह कबूल क लेले।
पूछताछ के दौरान आरोपी बतवले कि मरेवाली महिला दिमागी तौर प बेमार रहे अवुरी उ लोग एकरे फायदा उठावत ओकरा संगे दुष्कर्म कईले अवुरी बाद में जब महिला विरोध करे लागल त पोल खुले के डर से ईंटा-पत्थर से कूँच-कूँच के ओकर हत्या क देले।
पुलिस फिलहाल दुनो आरोपी के गिरफ्तार क के जेल भेज देले बिया अवुरी मामला के जांच कईल जाता।
First Update: 23 May, 2018 07:17 PM