जियो दिसम्बर तक देश के 20 शहर में ब्रॉडबैंड अवुरी आईपीटीवी सेवा शुरू करी

जियो दिसम्बर तक देश के 20 शहर में ब्रॉडबैंड अवुरी आईपीटीवी सेवा शुरू करी

मोबाइल डेटा बाज़ार में तहलका मचवला के बाद रिलायंस जियो के अगिला निशाना ब्रॉडबैंड बाज़ार बाटे। कंपनी दिसम्बर 2018 तक देश के 20 शहर में कम से कम 40 एमबीपीएस के स्पीड के संगे 'जियो-फाइबर' नाम से ब्रॉडबैंड सेवा शुरू क देवे के लक्ष्य रखले बिया।

जियो के ब्रॉडबैंड सेवा के तहत उपभोक्ता के घर/ऑफिस में एगो 'ऑप्टिकल नेटवर्क टर्मिनेशन' (ओएनटी) बॉक्स लगावल जाई, जवन कि हाईस्पीड इंटरनेट के अलावे आईपीटीवी के सेवा भी दिही। रिलायंस जियो के ए सेवा के शुरू होखे के सूचना से ब्रॉडबैंड के संगे-संगे डीटीएच सेवा देवे वाली डिश टीवी, टाटा स्काई, एयरटेल डीटीएच जईसन कंपनी में हड़कंप मच गइल बा।

जानकारी के मुताबिक रिलायंस जियो के एक ओएनटी बॉक्स से एक संगे एक से अधिका टीवी/कम्प्युटर के जोड़ल जा सकता। बॉक्स में चार लैन पोर्ट बा जवन कि सीधा-सीधा चार कम्प्युटर/लैपटॉप से जुड़ सकता। बतावल जाता कि ए सेवा में इंटरनेट के स्पीड कम से कम 40 एमबीपीएस होई जबकि विशेष प्लान के संगे 1जीबीपीएस तक के स्पीड मिल सकता।

हालांकि अभी तक ए सेवा से कीमत के बारे में कवनो जानकारी नईखे लेकिन जियो मोबाइल के देखत अंदाज़ा लगावल जाता कि एकर सभ प्लान अनलिमिटेड डाटा के संगे बहुत कम कीमत प उपलब्ध होई।

कंपनी से जुडल सूत्र के मुताबिक शुरुआत में इ सेवा मुंबई, दिल्ली, कोची, भोपाल, चंडीगढ़ समेत कानपुर आ पटना निहन शहर में शुरू होई, जवना के विस्तार धीरे-धीरे देश के बाकी हिस्सा में होई।

जियो के वेबसाइट के मुताबिक पूरा सेवा उपभोक्ता के घर तक फाइबर लाइन के माध्यम से पहुंचावल जाई, जवना से उपभोक्ता के तेज रफ्तार इंटरनेट समेत बाकी सेवा के पावे में कवनो प्रकार के परेशानी ना होई।

  • Share on:
Loading...