महिंदा के ए बाइक से बुलेट के जोरदार टक्कर मिली, कुछ लोग के अधूरा सपना पूरा होई

महिंदा के ए बाइक से बुलेट के जोरदार टक्कर मिली, कुछ लोग के अधूरा सपना पूरा होई

देश के प्रमुख वाहन निर्माता महिंद्रा बहुत जल्दी रॉयल एन्फ़ील्ड (बुलेट) के बहुत बरिआर टक्कर दिही। कंपनी जुलाई 2018 से भारत में 'जावा' आ 'बीएसए' बाइक के अपना पीठमपुर प्लांट में बनावे के काम शुरू करी। ए दुनो कंपनी- 'जावा' आ 'बीएसए' के महिंद्रा करीब दु साल पहिले खरीदले रहे।

महिंद्रा के ए कदम से भारत के सड़क प बहुत जल्दी 'जावा' ब्रांड के बाइक देखाई दिही। जावा ब्रांड भारत में दूसरा बेर लांच होई जबकि बीएसए ब्रांड पहिला बेर लांच होई।

कंपनी के कहनाम बा कि भारत में बनेवाली जावा बाइक के प्राथमिक तौर प भारत के ग्राहक खाती बनावल जाई, जबकि बीएसए बाइक के निर्माण निर्यात अवुरी विदेशी ग्राहक के ध्यान में राखत होई।

भारत में जावा बाइक के दोबारा एंट्री होखे से कुछ लोग के अधूरा सपना पूरा हो सकता। जवन लोग 1970-80 के दशक के मशहूर 'जावा येजड़ी' बाइक के पसंद करत रहले उ लोग फेर एक बेर ओकर मज़ा उठा सकेले। अंतिम जावा बाइक 1996 में बनल रहे अवुरी ओकरा बाद से ए ब्रांड के बाइक के निर्माण पूरा तरीका से बंद रहे।

1970-80 के दशक के मशहूर 'जावा येजड़ी' बाइक

हालांकि अभी तक भारत में लांच होखे वाली जावा बाइक के बारे में आधिकारिक तौर प महिंद्रा के ओर से कवनो जानकारी नईखे दिहल एहसे साफ नईखे कि बाइक के लूक, इंजन, ताकत समेत बाकी फीचर कईसन होई।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक महिंद्रा आवे वाला कुछ महीना में 'येजड़ी' आधारित जावा बाइक भी लांच करी। रिपोर्ट के मुताबिक जावा अवुरी बीएसए ब्रांड के तहत बनेवाली बाइक के खास तौर प प्रीमियम ग्राहक के ध्यान में राखत डिज़ाइन कईल जाता।

संभावना बा कि भारत में एकर मुक़ाबला रॉयल एन्फ़ील्ड (बुलेट) से होई। पहिलहू 'जावा येजड़ी' बाइक के मुक़ाबला बुलेट बाइक से रहे। ए संभावना के देखत अंदाज़ा लगावल जाता कि महिंदा ए बाइक के फीचर के बुलेट बाइक के बहुत नजदीक ले जाई। जहां तक कीमत के सवाल बा, त अभी ए बारे में कवनो जानकारी उपलब्ध नईखे लेकिन अंदाज़ा बा कि जावा बाइक के कीमत 1.5 लाख रुपया से 2.5 लाख रुपया के बीच होई।

  • Share on:
Loading...