बाबा रामदेव के पतंजलि मोबाइल बाज़ार में उतरल, कॉलिंग पैक आ डेटा के संगे 5 लाख के बीमा देवे के घोषणा

बाबा रामदेव के पतंजलि मोबाइल बाज़ार में उतरल, कॉलिंग पैक आ डेटा के संगे 5 लाख के बीमा देवे के घोषणा

योग गुरु बाबा रामदेव के पतंजलि सार्वजनिक क्षेत्र के भारत संचार निगम लिमिटेड (बीएसएनएल) के सहयोग से अब मोबाइल मार्केट में पैर जमावे के प्रयास शुरू क देलस। रविवार के बीएसएनएल संगे 'स्वदेशी समृद्धि सिमकार्ड' के लॉन्च के संगे कंपनी अपना योजना के आधिकारिक घोषणा कईलस।

पतंजलि के योजना के मुताबिक बीएसएनएल के 'स्वदेशी समृद्धि सिमकार्ड' शुरुआत में सिर्फ पतंजलि के कर्मचारी के मिली। हालांकि टेस्टिंग के बाद में एकरा के आम जनता के उपलब्ध करवा दिहल जाई।

सिमकार्ड लॉन्च के मौका प बाबा रामदेव कहले कि बीएसएनएल स्वदेशी नेटवर्क ह। पतंजलि आ बीसएनएल के मकसद देश के लोग के भला कईल बा। उ कहले कि उपभोक्ता के सस्ता अवुरी बढ़िया सेवा देवे के मकसद से पतंजलि दूरसंचार के क्षेत्र में आईल बिया।

बाबा रामदेव कहले कि 'स्वदेशी समृद्धि सिमकार्ड' के माध्यम से बहुत कम कीमत प डेटा आ कॉलिंग पैक त मिलबे करी, संगे-संगे इ सिमकार्ड 2.5 लाख के मेडिकल आ 5 लाख के जीवन बीमा भी दिही।

जहां तक प्लान के सवाल बा, त 'स्वदेशी समृद्धि सिमकार्ड' प उपभोक्ता के 144 रुपया के रिचार्ज करे के होई, जवना के बदला में देशभर में अनलिमिटेड कॉल, 2 जीबी डेटा आ 100 मैसेज मिली। 30 दिन तक चलेवाला ए रिचार्ज प कॉल अवुरी डेटा के अलावे उपभोक्ता के स्वास्थ्य, दुर्घटना अवुरी जीवन बीमा भी मिली। खास बात बा कि ए बीमा में सड़क दुर्घटना भी शामिल बिया।

ए सभके अलावे पतंजलि-बीएसएनएल के 'स्वदेशी समृद्धि सिमकार्ड' के धारक के पतंजलि के हरेक उत्पाद प 10 प्रतिशत के छुट मिली। बतावल गइल कि टेस्टिंग पूरा होखला के बाद 'स्वदेशी समृद्धि सिमकार्ड' के बीएसएनएल देश भर में अपना 5 लाख बिक्री केंद्र के माध्यम से उपलब्ध कराई।

  • Share on:
Loading...