एबीएस से लैस दमदार फीचर अवुरी शानदार लूक वाली सुज़ुकी जिक्सर बाकी से एक डेग आगे

एबीएस से लैस दमदार फीचर अवुरी शानदार लूक वाली सुज़ुकी जिक्सर बाकी से एक डेग आगे

जबरदस्त ताकत अवुरी बेहतर माइलेज के दावा के संगे सुज़ुकी मोटरसाइकल इंडिया प्राइवेट लिमिटेड सोमवार के 'जिक्सर एबीएस' बाइक के बिक्री खाती उपलब्ध करा देलस। एंटी ब्रेकिंग सिस्टम जईसन आधुनिक तकनीक से लैस इ बाइक होंडा सीबी होर्नेट 160आर के काड़ा टक्कर दे सकेले।

सुज़ुकी जिक्सर एबीएस के अगिला पहिया में स्पीड सेन्सर लागल बा जवन कि बाइक के स्पीड के मुताबिक ब्रेक के कंट्रोल करेला। ए बाइक में 4 स्ट्रोक सिंगल सिलिंडर 154.9सीसी बीएस-IV इंजिन लागल बा जवना से 8000 आरपीएम प 14.8 पीएस के ताकत अवुरी 6000 आरपीएम प 14एनएम के टॉर्क मिलेला।

जिक्सर एबीएस के इंजिन सुज़ुकी जेट कूलिंग सिस्टम से लैस बा जवना के चलते ए इंजिन से बेहतर ताकत अवरी बढ़िया माइलेज मिलेला।

लॉन्चिंग के मौका प सुज़ुकी इंडिया के संजीव राजशेखरन कहले, "जिक्सर बाइक लॉन्च के संगे अपना प्रदर्शन अवुरी तकनीक के चलते सभके पीछा छोड़ देलस। कंपनी के 'स्टे अहेड़' (आगे रहे) के नीति के संगे आगे बढ़त अब जिक्सर एबीएस लॉन्च भईल बिया। एबीएस से बाइक चलावे के अनुभव पहिले से जादे बेहतर होई।"

जिक्सर के बाकी फीचर में एएचओ हेडलाइट, एलईडी टेल लाइट, डिजिटल स्पीडोमीटर, बड़ा डिस्क ब्रेक आदि शामिल बा। एकरा अलावे बाइक के डबल एग्जॉस्ट (सिलेंसर), 3 स्पोक व्हील आ डिज़ाइन एकरा के एगो दमदार स्पोर्टी बाइक के लूक देता।

फिलहाल तीन रंग - मेटैलिक ट्रीटोन ब्लू/ग्लास स्पार्कल ब्लैक, कैंडी सोनोमा रेड/मेटैलिक सोनिक सिल्वर आ ग्लास स्पार्कल ब्लैक के विकल्प के संगे उपलब्ध ए बाइक के कीमत 87,250 (एक्स शोरूम, दिल्ली) रुपया से शुरू होखता।

  • Share on:
Loading...