प्रेमिका से मिले पहुंचल प्रेमी के पीट-पीट के हत्या, गांव में भारी तनाव

प्रेमिका से मिले पहुंचल प्रेमी के पीट-पीट के हत्या, गांव में भारी तनाव

प्रेम-प्रसंग आज के समाज के सच्चाई बा, तबहूँ हमनी के समाज में बहुत लोग अयीसन बाड़े जवन कि एकरा के कबूल करे प तैयार नईखन अवुरी झूठा आन खाती हत्या जईसन अपराध क देतारे।

पूर्वी उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में पिपराइच थाना क्षेत्र के जंगल छत्रधारी ककीरिया निवासी रमेश निषाद के उनुका प्रेमिका के परिवार पीट-पीट के मुआ देलस। रमेश सोमवार के अपना प्रेमिका से मिले गइल रहले।

पुलिस के मुताबिक करीब दु साल से रमेश निषाद के प्रेम प्रसंग चलत रहे आ एक महीना पहिले उ अपना प्रेमिका के संगे घर छोड़ के भाग गइल रहले। तब लईकी के परिवार रमेश प अपहरण के आरोप लगावत मामला दर्ज करवले रहे।

बतावल जाता कि घर से भगला के 10 दिन बाद रमेश आ उनुका प्रेमिका के पुलिस बरामद क लेले रहे लेकिन तब दुनो पक्ष समझौता क लेलस। समझौता के शर्त रहे कि रमेश दोबारा कबहूँ अवुरी कसहूँ अपना प्रेमिका से संपर्क ना करीहे अवुरी ओकरा परछाई तक से दूर रहीहे।

लेकिन, रमेश अवुरी उनुकर प्रेमिका पुलिस के कब्जा से छुटला के बाद ए शर्त के माने से इनकार क देले अवुरी लुका-छीप के एक दूसरा से मिले शुरू क देले। पुलिस के मुताबिक रमेश अवुरी उनुकर प्रेमिका बिआह कईल चाहत रहले लेकिन दुनो के जाति अलग-अलग होखला के चलते लईकी के परिवार एकरा खाती तैयार ना रहे।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक रविवार के आधा रात के करीब रमेश के प्रेमिका रमेश के फोन कईली अवुरी भेट करे खाती बोलवली। रमेश के प्रेमिका जब फोन प बात करत रहली तब उनुका परिवार के कवनो सदस्य ए बातचीत के सुन लेले अवुरी परिवार के बाकी लोग के सचेत क देले।

ऐने ए सभ से अंजान रमेश जब अपना प्रेमिका से मिले पहुंचले त प्रेमिका के परिवार उनुका के पकड़ लेलस अवुरी पेड़ में बांध के पीटे लागल। प्रेमी के पिटाई के देखत प्रेमिका से ओकर चीख-पुकार ना बर्दाश्त भईल अवुरी उ फोन प पुलिस के खबर क देलस। लेकिन, पुलिस के पहुंचे तक रमेश के मजगर धुनाई हो चुकल रहे।

मौका प पहुंचल पुलिस टीम रमेश के गंभीर हालत में इलाज खाती गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में भर्ती करवलस जहां इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गइल।

ए मामला में पुलिस रमेश के परिवार के बयान के आधार प उनुका प्रेमिका के 2 भाई आ माता-पिता समेत चार लोग के खिलाफ नामजद प्राथमिकी दर्ज करत गिरफ्तार क लेले बिया अवुरी जांच शुरू क देले बिया।

ए घटना से रमेश के गांव में भारी आक्रोश देखाई देता। गांव के लोग एकरा के जाति के स्वाभिमान से जोड़ के देखतारे। माहौल में पसरल तनाव के देखत कवनो अनहोनी के रोके खाती गांव में भारी संख्या में पुलिस अवुरी पीएसी के जवान तैनात बाड़े अवुरी पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी हालत प नज़र गड़वले बाड़े।

  • Share on:
Loading...