पति 2 साल से विदेश में पत्नी पांच महीना पहिले बच्चा के जन्म दिहली, अब खून से लथपथ लाश मिलल

पति 2 साल से विदेश में पत्नी पांच महीना पहिले बच्चा के जन्म दिहली, अब खून से लथपथ लाश मिलल

अवैध संबंध से जुडल मामला में एगो महिला के चाकू से गोद-गोद के हत्या क दिहल गइल। ससुराल के लोग हत्या के आरोप महिला के प्रेमी प लगवले बाड़े जबकि प्रेमी अवुरी नईहर के लोग महिला के पति के हत्यारा बतावतारे।

बतावल जाता कि राजेश नाम के एगोयुवक पछिला दु साल से दुबई में नोकरी करत रहे जबकि ओकर पत्नी रेखा गांव में रहत रहली। ए दु साल में राजेश एको बेर घरे ना आईल रहले जबकि रेखा करीब पांच महीना पहिले एगो बच्चा के जन्म देले रहली।

राजेश बच्चा होखे के खबर से बेचैन रहले लेकिन नोकरी के कांट्रैक्ट के मुताबिक 2 साल से पहिले घरे ना जा सकत रहले। गांव के लोग के मुताबिक राजेश बुधवार के दुबई से सीधा अपना ससुराल पहुंचले अवुरी उहाँ से सांझ के अपना गांवे गईले।

राजेश उत्तर प्रदेश के उन्नाव जिला में हसनगंज कोतवाली थाना क्षेत्र के तहत रसूलपुर बकिया गांव के निवासी हवे। पुलिस के मुताबिक बुधवार के रात गांव में रामचरितमानस के पाठ होखत रहे, जवना में शामिल होखला के बाद कुछ लोग जब लवटत रहले त राजेश के घर के पीछा उनुका पत्नी रेखा के खून से लथपथ लाश देखले अवुरी पुलिस के सूचना देले।

मौका प पहुंचल पुलिस टीम के रेखा के ससुराल के लोग बतवले कि रेखा के गांव के आज़ाद नाम के एगो युवक संगे अवैध संबंध रहे अवुरी ओकरे से उ एगो बच्चा के जन्म देले रहली। बुधवार के राजेश के गांवे अईला के चलते रेखा अवुरी आज़ाद के बीच बतरस भईल अवुरी आज़ाद चाकू से गोद-गोद के रेखा के हत्या क देले।

रेखा के नईहर के लोग पुलिस के बतवले कि रेखा कुछ दिन पहिले नईहर रहली एहसे राजेश जब दुबई से अईले त सीधा ओहीजे पहुंचले। राजेश बहुत गुस्सा में रहले अवुरी उनुका माथा प खून सवार रहे। उ लोग बतवले कि राजेश बच्चा होखे के खबर से नाराज़ रहले अवुरी रेखा के हत्या कईल चाहत रहले, एहसे लागता कि उहे रेखा के मार के फेंक देले होईहे।

पुलिस दुनो पक्ष के बयान के आधार प मामला दर्ज क जांच शुरू क देले बिया अवुरी रेखा के प्रेमी आज़ाद के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। रेखा के पति राजेश घटना के बाद से फरार बाड़े। पुलिस के अनुमान बा कि रेखा के हत्या राजेश के हाथे भईल होई, हालांकि राजेश के गिरफ्तार होखे तक पुलिस ए विषय में कुछूओ नईखे कहल चाहत। मरेवाली रेखा 3 बेटी आ एगो पांच महीना के बेटा महतारी रहली।

  • Share on:
Loading...