भाजपा मान लेवे कि मुसलमान ओकरा के वोट ना दिही, ना त बाकी वोट सरक जाई: भाजपा प्रवक्ता

भाजपा मान लेवे कि मुसलमान ओकरा के वोट ना दिही, ना त बाकी वोट सरक जाई: भाजपा प्रवक्ता

देश के अलग-अलग राज्य में 4 लोकसभा सीट अवुरी 11 विधानसभा सीट खाती उपचुनाव में भारतीय जनता पार्टी के बरिआर खाती पार्टी के केंद्रीय नेतृत्व के ओर से कार्यकर्ता के अनदेखी कईला के जिम्मेदार बतावत पार्टी प्रवक्ता दीप्ति भारद्वाज कहली कि संगठन अवुरी सरकार अपना-अपना कमी के विश्लेषण करे।

पार्टी के हार प बोलत दीप्ति भारद्वाज कहली कि जीत-हार खाती परिस्थिति जिम्मेदार होखेला। सरकार अवुरी संगठन सोचे कि अयीसन कवन कारण बा कि कार्यकर्ता अपना के असहाय माने लागल बाड़े? भारतीय जनता पार्टी लगे 11 करोड़ कार्यकर्ता बाड़े, तबहूँ अयीसन हार काहें होखता?

उत्तर प्रदेश के कैराना आ नूरपुर उपचुनाव में पार्टी के हार के कार्यकर्ता के नाराजगी के नतीजा बतावत दीप्ति कहली कि पार्टी अपना स्तर प बहुत मेहनत कईलस, संगठन तत्पर रहे लेकिन कार्यकर्ता उदास रहे।

कैराना में मुसलमान, जाट अवुरी यादव वोट के गोलबंदी प दीप्ति कहली कि पार्टी मान लेवे कि मुसलमान हमनी के कबहूँ ना वोट दिहे। सरकार अवुरी पार्टी चाहे कुछूओ क देवे, मुसलमान के मन में भाजपा खाती कबहूँ प्रेम ना पैदा होई। ए सच्चाई के पार्टी जतना जल्दी कबूल करी, ओतने बढ़िया होई। कम से कम जवन हमनी के वोट बा, उ त हाथ से ना निकली।

जब उत्तर प्रदेश भाजपा के प्रवक्ता दीप्ति भारद्वाज से पार्टी कार्यकर्ता के नाराजगी के कारण पूछाईल त उ कहली कि अलग-अलग बहुत कारण बा लेकिन सबसे बड़का कारण बहरी के लोग के पार्टी में शामिल कईला के बाद प्रमुखता दिहल बा। कार्यकर्ता नाराज़ बाड़े कि ओ लोग के मेहनत अवुरी सालों के तपस्या के अनदेखी करत पार्टी बहरी के लोग के जादे महत्व देतिया।

उत्तर प्रदेश के कैराना अवुरी नूरपुर उपचुनाव में मोदी अवुरी योगी जादू नाकाम हो जाए से जुड़ल एगो सवाल के जवाब में भाजपा प्रवक्ता कहली, "उपचुनाव में मोदी अवुरी योगी के जादू काहें ना चलल एकर कारण त केंद्रीय नेतृत्व बता सकता। हम त बहुत छोट कार्यकर्ता बानी। हम सिर्फ अतने कहब कि कार्यकर्ता के अनदेखी ना होखे के चाही, कार्यकर्ता के बात सुने के चाही।"

  • Share on:
Loading...