बीए के छात्रा के अपहरण, सहेली आ गांव के एगो युवक के खिलाफ मामला दर्ज

बीए के छात्रा के अपहरण, सहेली आ गांव के एगो युवक के खिलाफ मामला दर्ज

रिज़ल्ट देखे खाती घर से निकलल एगो बीए (थर्ड ईयर) के छात्रा 10 दिन बीतला के बादो लवट के घरे ना आईल। ए मामला में लापता लईकी के महतारी अपने गांव के एगो लईकी आ एगो युवक के खिलाफ अपहरण के आरोप लगावत मामला दर्ज करवलस।

ए मामला के आरोपी लईकी लापता छात्रा के सहेली बिया। मिलल जानकारी के मुताबिक बीए (थर्ड ईयर) में पढ़ेवाली बनारस के देवचंदपुर निवासी छात्रा 23 मई के सबेरे 10 बजे रिज़ल्ट लेवे के बात क़हत घर से बड़ागांव खाती निकलल रहे, लेकिन आज तक लवट के ना आईल।

छात्रा के घरे ना लवट के अईला से परेशान परिवार बदनामी के डर से बहुत सहेज-सहेज के अपना स्तर प छानबिन कईलस लेकिन कतहू से कवनो जानकारी ना मिलल। एह बीच छात्रा के परिवार ओकरा सहेली बिंदा से भी पूछताछ कईलस लेकिन कवनो साफ जवाब ना मिलल।

एह बीच पाता चलल कि गांव के एगो युवक, जवना के नाम धीरज कुमार बा, उहो घटना के दिन से गायब बा। लईकी के परिवार जब फेर से बिंदा से पूछताछ कईलस त उ पहिले से अलग जवाब देली।

हार-थाक के लापता छात्रा के महतारी अनीता देवी स्थानीय थाना में बिंदा अवुरी धीरज कुमार प अपना बेटी के अपहरण के आरोप लगावत मामला दर्ज करवा देली। पुलिस मामला दर्ज कईला के बाद जांच शुरू क देले बिया अवुरी बिंदा से पूछताछ क चुकल बिया।

पुलिस अब छात्रा के मोबाइल नंबर के कॉल डीटेल निकाल के जांच करे के तैयारी करतिया। पुलिस सूत्र के मुताबिक अभी तक मामला प्रेम-प्रसंग के बुझाता लेकिन असली जानकारी त छात्रा के बरामद होखला के बादे मिली।

हालांकि छात्रा के परिवार अवुरी ओकर महतारी प्रेम-प्रसंग से इनकार करतारी।

  • Share on:
Loading...