बलिया में नारद राय के करीबी सपा नेता के गोली मार के हत्या

बलिया में नारद राय के करीबी सपा नेता के गोली मार के हत्या

बलिया में पछिला 24 घंटा के भीतरी अलग-अलग पार्टी के दु नेता प जानलेवा हमला भईल, जवना में एक आदमी के गोली मार के हत्या क दिहल गइल। शनिवार के सांझ भाजपा नेता के घर प भईल हमला के बाद रविवार के सबेरे समाजवादी पार्टी के एगो नेता के लाश सड़क के किनारा मिलल।

मरेवाला सपा नेता के पहचान बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के तहत पुरसा निवासी मनोज कुमार सिंह (45 साल) के रूप में भईल बा। पेशा से ठेकेदार मनोज कुमार सिंह के पूर्व मंत्री नारद राय के करीबी लोग में गिनल जाला।

मिलल जानकारी के मुताबिक रविवार के सबेरे कुछ लोग सहतवार थानाक्षेत्र के तहत महाराजपुर चट्टी के नजदीक सड़क के किनारा फेंकल एगो लाश के देखले अवुरी एकर सूचना स्थानीय थाना के देले।

पुलिस के मुताबिक मरेवाला समाजवादी पार्टी के नेता मनोज कुमार सिंह रहले अवुरी उनुका छाती में 2 लागल बा। पुलिस के अनुमान बा कि अपराधी मनोज के हत्या कवनो दोसरा जगह कईले होईहे अवुरी बाद में लाश के महाराजपुर चट्टी के नजदीक फेंक देले होईहे।

घटना के खबर मिलते मौका प पहुंचल बांसडीह विधानसभा क्षेत्र के सपा अध्यक्ष हरेंद्र सिंह, महासचिव ललन यादव वैशाखी समेत पार्टी के नेता अवुरी कार्यकर्ता घटना के राजनीतिक हत्या करार देले अवुरी पुलिस के कामकाज प गंभीर सवाल खाड़ा करत दोषी लोग के गिरफ्तार करे के मांग कईले।

पुलिस अधीक्षक श्रीपर्णा गांगुली बतवली कि अभी तक हत्या के कारण अवुरी हत्यारा के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल लेकिन जांच कईल जाता। जे केहु दोषी होई ओकरा खिलाफ कानून के मुताबिक कड़ा से कड़ा कार्रवाई कईल जाई।

बतावल जाता कि 19 जून के मरेवाला सपा नेता के बेटी के बिआह बा, जवना के तैयारी उ खूब ज़ोर-शोर से करत रहले। स्थानीय सूत्र के मुताबिक सपा नेता पेशा से ठेकेदार रहले अवुरी ठेकेदारी के चलते उनुका आ कुछ लोग के बीच विवाद चलत रहे। एकरा अलावे मरेवाला के गांव के एगो महिला संगे अवैध संबंध भी रहे।

मरेवाला के परिवार के मुताबिक शनिवार के मनोज अपना गांव के पछिम में बनल एगो डेरा प बाइक से गइल रहले, जहां सांझ के कुछ बाइक सवार लोग उनुका से भेट करे आईल रहले। एकरा बाद से परिवार के कवनो सदस्य उनुका जीअत नईखे देखले।

ए मामला में पुलिस मनोज कुमार सिंह के पेशा, अवैध संबंध अवुरी राजनीतिक विवाद समेत पारिवारिक आ सामाजिक दुश्मनी के कोण से जांच करतिया।

  • Share on:
Loading...