इश्क़ एतना बेदर्दी भईल कि रानी चटर्जी टूटल गोड़ प मटक-मटक के चलली

गुंजन पंत अवुरी रानी चटर्जी।

गुंजन पंत अवुरी रानी चटर्जी।

भोजपुरी सिनेमा के खूबसूरत हीरोइन गुंजन पंत आ रानी चटर्जी के अब एहसास भईल कि बेदर्दी इश्‍क से आज तक केहु नईखे बाचल। उ कहली कि जीनिगी के कवनो-ना-कवनो मोड प हरेक आदमी इश्क के दर्द से तड़पेला।

मुंबई में फिल्म के प्रचार खाती आयोजित एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में गुंजन कहली कि उनुकर अगिला फिल्म 'इश्क़ बड़ा बेदर्दी है' के कहानी के विषय बा कि इश्क़ हर आदमी के होखेला अवुरी तकलीफ देवेला।

शुक्रवार के एक संगे बिहार-झारखंड में रिलीज होखे खाती तैयार 'इश्क़ बड़ा बेदर्दी है' में गुंजन पंत के संगे रानी चटर्जी अवुरी रोहित राज यादव के मुख्य भूमिका बा। रानी संगे काम करे के अपना अनुभव के बतावत गुंजन कहली कि "रानी सुंदर होखला के आलावे बहुत शानदार अभिनेत्री हई। उनुका संगे जब-जब काम कईनी हम बहुत कुछ सीखनी।"

एही प्रेस कॉन्फ्रेंस में रानी चटर्जी खुलासा कईली कि ए फिल्म के शूटिंग जब बिहार के बिहटा में होखत रहे त उनुका गोड़ में फ्रैक्‍चर रहे, लेकिन एकरा बावजूद उ फिल्म के शूटिंग पूरा कईली।

ए फिल्म में रानी चटर्जी एगो लाइन होटल चलावे वाली लईकी के भूमिका निभावतारी। रानी कहली कि गोड़ में फ्रेक्चर होखला के चलते 'मटक – मटक' के चलल बहुत मुश्किल रहे लेकिन निर्देशक, फिल्‍म के बाकी कलाकार अवुरी स्‍थानीय लोग के सहयोग से सभ काम आसानी से हो गइल।

फिल्म के बारे में बतावत रानी कहली कि फिल्म में कॉमेडी, रोमांस, एक्शन समेत भरपूर मनोरंजन बा। हालांकि पूरा फिल्म में रानी अवुरी गुंजन कबहूँ एक संगे ना देखाई दिहे लेकिन फिल्म मे गुंजन के काम के रानी बेहतरीन बतवली।

अभिनेत्री कल्पना शाह संगे गुंजन के भईल विवाद से जुडल एगो सवाल के जवाब में गुंजन कहली कि, "हम उनुकर (कल्पना शाह) बात नईखी कईल चाहत। मामला मुंबई पुलिस के हाथ में बा।"

मालूम रहे कि एक जून के रिलीज भईल 'पटना वाले दुल्हनिया ले जाएंगे' में गुंजन पंत संगे काम करेवाली कल्पना शाह के खिलाफ मुंबई के ठाणे में पुलिस केस दर्ज भईल बा।गुंजन पंत के ओर से पुलिस के दिहल आवेदन में कल्पना प छवि खराब करे अवुरी गंदा अफवाह फैलावे के आरोप लगावल बा।

ए मामला में गुंजन के ओर से कल्पना शाह के अलावे उनुका भाई ब्रजेश शाह के भी आरोपी बनावल बा।

  • Share on:
Loading...