इंटर के रिज़ल्ट प हंगामा, छात्र इंटर काउंसिल के गेट तूरत धरना प बईठले

इंटर के रिज़ल्ट प हंगामा, छात्र इंटर काउंसिल के गेट तूरत धरना प बईठले

बिहार के इंटर (12वां) के परीक्षा के रिज़ल्ट के संगे राज्य में फेर एक बेर हंगामा शुरू हो गइल। परीक्षा में फेल भईल छात्र गुरुवार के सबेरे इंटर काउंसिल के ऑफिस के गेट के तूर देले अवुरी धरना प बईठ गईले।

बुधवार के जारी भईल इंटर परीक्षा के नतीजा पछिला दु साल से बढ़िया देखाई देता लेकिन ए नतीजा के खिलाफ आवाज़ उठे शुरू हो गइल बा। ए परीक्षा में फेल भईल छात्र हंगामा शुरू क देले बाड़े। हंगामा करत छात्र रिज़ल्ट में गड़बड़ी के आरोप लगावतारे।

बाद में मौका प पहुंचल पुलिस धरना प बईठल छात्रन के परिसर खाली करे के आदेश देले अवुरी जब उ ना मनले लाठी पटकत उहाँ से भगा देलस। पुलिस के ज़ोर-जबरदस्ती के बाद छात्र इंटर काउंसिल परिसर के त खाली क देले लेकिन गेट बहरी सड़क प बईठ के नाराबाजी अवुरी हंगामा शुरू क देले। खबर लिखाए तक छात्रन के नाराबाज़ी अवुरी हंगामा जारी रहे।

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के 2018 के इंटर परीक्षा के रिज़ल्ट में अबकी साल करीब 53 प्रतिशत छात्र पास भईल बाड़े। इ आंकड़ा पछिला साल के मुक़ाबले 17 प्रतिशत अधिक बाटे।

बोर्ड के मुताबिक अबकी साल साइंस में 44.5 प्रतिशत, आर्ट्स में 61 प्रतिशत आ कॉमर्स में 91.32 प्रतिशत छात्र सफल भईल बाड़े। हंगामा करत छात्र एही आंकड़ा के हवाला देत कहतारे कि साइंस अवुरी आर्ट्स में जानबूझ के छात्र के फेल कईल बा।

ऐने बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर बतवले कि इंटर के रिजल्ट से जवन छात्र संतुष्ट नईखन, उ लोग 13 जून से 20 जून के बीच ऑनलाइन आवेदन क स्क्रूटिनी के करा सकतारे। एकरा खाती छात्र के प्रति विषय 70 रुपए देवे के होई। उ कहले कि छात्र कतनों विषय के स्क्रूटिनी खाती आवेदन क सकेले।

उ कहले कि स्क्रूटिनी के बाद जदी कवनो छात्र के रिज़ल्ट में फेर-बदल होखता त ओकर रिज़ल्ट दोबारा से जारी कईल जाई। आनंद किशोर कहले कि कंपार्टमेंटल परीक्षा के तारीख के घोषणा जुलाई में होई।

  • Share on:
Loading...