पवन सिंह अवुरी खेसारी लाल यादव के बीच जबरदस्त मुक़ाबला, दबंगई साबित करे के मौका

खेसारी लाल यादव अवुरी पावन सिंह

खेसारी लाल यादव अवुरी पावन सिंह

अनबन अवुरी एक दूसरा के खिलाफ मोर्चाबंदी खाती भोजपुरी सिनेमा जगत में मशहूर पवन सिंह अवुरी खेसारी लाल यादव फेर आमने-सामने भईले। भोजपुरी के करोड़ों श्रोता अवुरी दर्शक के दिल प राज करेवाला गायकी अवुरी अभिनय के बादशाह खेसारी लाल यादव अवुरी पवन सिंह के बीच होखेवाला मुक़ाबला के देखे खाती लोग में भारी उत्सुकता बा।

हालांकि अब दुनो भोजपुरिया स्टार के बीच दोस्ती हो चुकल बा अवुरी दुनो एक संगे खूब मज़ा करत देखाई देतारे। बतावल जाता कि गंवई माहौल से निकल के फिल्मी दुनिया में अपना के स्थापित करेवाला दुनो गायक-अभिनेता के साइकिल चलावल बहुत पसंद बा।

पछिला कुछ से सोश्ल प चर्चा बटोरत एगो विडियो में दुनो अभिनेता मॉरीशस में साइकिल चलावत देखाई देतारे। ए बारे में पवन सिंह कहले कि कुछ शौक बा जवना के आज भारत में पूरा कईल मुश्किल बा। साइकिल ओकरा में से एक बा। हमनी के एगो कार्यक्रम में शामिल होखे खाती मॉरीशस गईल रहनी, जहां हमनी के अपना ए शौक के पूरा करे के मौका मिलल।

एह बीच पवन सिंह के 'वांटेड' अवुरी खेसारी लाल यादव के 'दबंग सरकार' रिलीज खाती तैयार बिया अवुरी मानल जाता कि दुनो फिल्म ऐके महीना में रिलीज होई। दुनो के प्रशंसक दुनो फिल्म प बहुत बेताबी से नज़र गड़वले बाड़े अवुरी आशा बा कि अपना-अपना चहेता कलाकार के हिट करावे के प्रयास करीहे।

दुनो के फिल्म आसपास आवे से भोजपुरी इंडस्ट्री के लोग के नज़र भी दुनो कलाकार प लागल बा। हालांकि एक फिल्म के हिट चाहे फ्लॉप होखला से अभिनेता के कद में कवनो खास फर्क ना पड़े, लेकिन मुक़ाबला जब दु सुपरस्टार में होखे त देखे के बा कि के बाजी मारता।

  • Share on:
Loading...