हाफिज़ सईद के साथी के दावा, मोदी के हत्या होई अवुरी भारत में इस्लाम के झंडा फहराई

 मुंबई बम धमाका के  मास्टरमाइंड  'जमात-उद-दावा' के मुखिया हाफिज सईद।

मुंबई बम धमाका के मास्टरमाइंड 'जमात-उद-दावा' के मुखिया हाफिज सईद।

पाकिस्तान के प्रतिबंधित आतंकवादी संगठन 'जमात-उद-दावा' के एगो सदस्य सार्वजनिक रूप से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हत्या के बात क़हत दावा कईलस कि बहुत जल्दी भारत अवुरी अमेरिका में इस्लाम के झंडा फहराई।

समाचार एजेंसी एएनआई के मुताबिक रमजान के महीना में शुक्रवार के होखेवाली सभा में 'जमात-उद-दावा' के वरिष्ठ सदस्य मौलाना बशीर अहमद खाकी कहले कि भारत अवुरी इज़राइल में बहुत शहीद मिलिहे अवुरी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हत्या हो जाई।

उ कहले कि बहुत जल्दी भारत अवुरी अमेरिका में इस्लाम के झंडा फहराई। रमजान के महीना के 'जिहाद-ओ-कत्ल' (जिहाद अवुरी हत्या) खाती 'पवित्र महीना' करार देत मौलाना बशीर कहले कि जिहाद के राह में मरेवाला (शहीद) होखेवाला खाती स्वर्ग के राह खुल जाला।

पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में लोग से अपना-अपना बेटा के जिहाद करे के अनुमति देवे के निहोरा करत मौलाना कहले कि उनुका संगठन के लोग अजूओ कश्मीर में जिहाद करतारे अवुरी भारत के फौज से लगातार लड़ाई लड़तारे। उनुका संगठन के लोग कश्मीर के आजादी आ भारत के बांटे खाती लड़तारे।

ए मौका प जनता से दिल खोल के चंदा देवे के मांग करत मौलाना बशीर कहले कि रमजान के महीना आप लोग हमनी के चावल-दाल आ पईसा दान करी। हम महिला से निहोरा करतानी कि उ लोग अपना बेटा के दान करस।

मालूम रहे कि 'जमात-उद-दावा' के मुखिया आतंकी हाफिज सईद हवे, जवन कि साल 2008 के मुंबई बम धमाका के मास्टरमाइंड रहे।

  • Share on:
Loading...