बिहार: इंटर के खराब रिज़ल्ट प बवाल, छात्र आगजनी अवुरी सड़क जाम कईले, पुलिस लाठीचार्ज कईलस

बिहार: इंटर के खराब रिज़ल्ट प बवाल, छात्र आगजनी अवुरी सड़क जाम कईले, पुलिस लाठीचार्ज कईलस

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (बिहार बोर्ड) के इंटर परीक्षा में फेल भईल छात्र शनिवार के उग्र हो गईले अवुरी हजारों के संख्या में छात्र सड़क प नरबाजी अवुरी आगजनी करत राष्ट्रीय राजमार्ग के जाम क देले।

नालंदा जिला में नूरसराय कॉलेज के छात्र कॉपी जांच में गड़बड़ी के आरोप लगावत बेल धन्ना के नजदीक बिहारशरीफ-दनियावां रोड के जाम क देले अवुरी बिहार बोर्ड के अध्यक्ष आ सरकार के खिलाफ नरबाजी कईले।

ओने हरनौत में बोर्ड अध्यक्ष के हटावे अवुरी कॉपी के जांच दोबारा करावे के मांग करत छात्र राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 31 के जाम करत सड़क प टायर जरा के आगजनी कईले अवुरी बिहार राज्य पथ परिवहन के बस से सवारी के उतार के बस में जमके तोड़फोड़ कईले अवुरी बस के पूरा तरीका से चकनाचूर क देले।

इहाँ सड़क जाम करेवाला छात्रन में हरनौत प्रखंड के अलग-अलग स्कूल अवुरी कॉलेज के छात्र शामिल बाड़े। नाराज़ छात्र कहतारे कि इंटर परीक्षा के कॉपी जांच में भारी गड़बड़ी भईल बा एहीसे आधा से अधिका छात्र फेल हो गईल बाड़े।

एह बीच खबर बा कि छात्रन के उग्र होखत देख पुलिस लाठीचार्ज अवुरी कुछ छात्र के हिरासत में ले लेले बिया। लाठीचार्ज के चलते हरनौत में त जाम खतम हो गईल बा लेकिन खबर लिखाए तक बिहारशरीफ-दनियावां रोड से जाम हटावे खाती चंडी आ नूरसराय थाना के पुलिस नाराज छात्रन के समझावे-बुझावे के प्रयास करत रहे।

ओने मुजफ्फरपुर के भगवानपुर में हाजीपुर-मुजफ्फरपुर रोड के जाम क के प्रदर्शन करत छात्र लोगन के हटावे खाती पुलिस लाठीचार्ज कईलस जबकि सहरसा के रिफ्यूजी चौक प इंटर रिज़ल्ट से नाराज़ छात्र जोरदार नारबाजी के संगे सड़क जाम क के प्रदर्शन करतारे।

छात्र के प्रदर्शन के देखत कवनो अनहोनी से निपटे खाती बिहार पुलिस के जवान भारी संख्या में मौका प मौजूद बाड़े। ऐने पटना में छात्र संगठन आल इंडिया स्टूडेंट्स फ़ैडरेशन (एआईएसएफ़) के सदस्य इंटर काउंसिल के गेट प प्रदर्शन अवुरी हंगामा करतारे।

ओने अररिया में छात्र संगठन एनएसयूआई के कार्यकर्ता इंटर रिज़ल्ट में गड़बड़ी के आरोप लगावत फारबिसगंज कॉलेज के प्राचार्य के कार्यालय में ताला लगा देले बाड़े।

मालूम रहे कि बुधवार के रिज़ल्ट के घोषणा भईला के बाद गुरुवार के पटना में छात्र इंटर काउंसिल के गेट प उग्र प्रदर्शन कईले। प्रदर्शन करत छात्र कॉपी जांच में गड़बड़ी अवुरी छात्रन के जानबूझ के फेल करे के आरोप लगावत बिहार बोर्ड के अध्यक्ष के हटावे आ फेर से कॉपी जांच करावे के मांग करत रहले।

  • Share on:
Loading...