बॉयफ्रेंड प पईसा उड़ावे खाती कॉलेज के 2 छात्रा चोर बन गईली

दुनो लईकिन प आरोप बा कि उ लोग लोकल ट्रेन के महिला कोच में मोबाइल के चोरी करत रहली।  [फ़ाइल फोटो]

दुनो लईकिन प आरोप बा कि उ लोग लोकल ट्रेन के महिला कोच में मोबाइल के चोरी करत रहली। [फ़ाइल फोटो]

हमेशा सुने के मिलेला कि बॉयफ्रेंड अपना गर्लफ्रेंड के गिफ्ट देवे खाती, घुमावे खाती अवुरी ओकरा प खर्चा करे खाती चोरी अवुरी लूट जईसन नाजायज काम क देलस। लेकिन ताज़ा मामला में कॉलेज में पढ़ेवाली 2 लईकी अपना बॉयफ्रेंड प खर्चा करे खाती चोरी करत धरईली।

मुंबई के कॉलेज में पढ़ेवाली दुनो लईकी के कुछ दिन पहिले लोकल ट्रेन के महिला कोच से मोबाइल चोरी करे के आरोप में पुलिस गिरफ्तार कईलस। दुनो लईकी ट्रेन में मोबाइल के चोरी करत रहली अवुरी चोरावल मोबाइल के बेचके जवन पईसा मिलत रहे ओकरा के अपना बॉयफ्रेंड प खर्च करत रहली।

हैरानी के बात बा कि दुनो लईकी के बॉयफ्रेंड एके युवक बा अवुरी दुनो ए बात के बढ़िया से जानत रहली। पुलिस के मुताबिक गिरफ्तारी के बाद दुनो लईकी के कब्जा से 38 मोबाइल फोन अवुरी 30 मेमोरी कार्ड बरामद भईल बा।

रेलवे क्राइम ब्रांच के जांच अधिकारी कहले, "ट्विंकल सोनी (20 साल) आ टीनल परमार (19 साल) नाम के 2 लईकी के लोकल ट्रेन के महिला कोच से मोबाइल चोरी करे के आरोप में गिरफ्तार क लिहल बा। दुनो लईकी कथित तौर प ऋषि सिंह नाम के एगो युवक से प्रेम करेली अवुरी ओकरे प पईसा खर्चा करे खाती ए प्रकार के काम करत रहली।" उ बतवले कि सोनी जहां आर्किटेक्चर के छात्रा बाड़ी उहें टीनल स्नातक के फर्स्ट इयर में बाड़ी।

पुलिस के मुताबिक दुनो लईकी चोरी के मोबाइल के राहुल राजपुरोहित नाम के एगो आदमी के बेचत रहली। ए काम से अभी तक दुनो के कम से कम 3 लाख रुपया मिलल बा। पुलिस दुनो लईकी आ चोरी के मोबाइल खरीदे के आरोपी राहुल राजपुरोहित के गिरफ्तार क लेले बिया।

पश्चिमी रेलवे के डीसीपी पुरुषोत्तम कराड बतवले कि बोरीवली से सांताक्रूज स्टेशन के बीच मोबाइल चोरी के बहुत शिकायत मिलला के बाद एगो टीम बनावल गइल। टीम के शुरुआती जांच में पाता चलल कि मोबाइल चोरावे वाली असल में 2 लईकी बाड़ी। दुनो लईकी मोबाइल चोरवला के बाद ओकरा के बेच देवेली अवुरी जवन पईसा मिलेला ओकरा के अपना बॉयफ्रेंड प खर्च करेली।

योजना के तहत कांदीवली स्टेशन प पुलिस के तैनाती भईल अवुरी दुपहर एक बजे के करीब फोन चोरावत ट्विंकल सोनी नाम के लईकी के रंगे हाथ गिरफ्तार क लिहल गइल। सोनी के मदद से पुलिस टीनल परमार आ चोरी के मोबाइल खरीदे वाला राहुल राजपुरोहित तक पहुंचल अवुरी ए दुनो के भी गिरफ्तार क लेलस।

  • Share on:
Loading...